Meta Notice : इंस्टाग्राम के पेड विज्ञापन में चाइल्ड पोर्नोग्राफी पs केंद्र सरकार मेटा के भेजलस नोटिस

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 5, 2026

नई दिल्ली। केंद्र सरकार इंस्टाग्राम पs पेड विज्ञापन में लईकन से जुड़ल यौन शोषण आ दुर्व्यवहार (CSEAM) वाला कंटेंट पs कड़ा रुख अपनवले बिया। एह ममिला में सरकार मेटा (Meta) कंपनी के सख्त नोटिस जारी

Share

नई दिल्ली। केंद्र सरकार इंस्टाग्राम पs पेड विज्ञापन में लईकन से जुड़ल यौन शोषण आ दुर्व्यवहार (CSEAM) वाला कंटेंट पs कड़ा रुख अपनवले बिया। एह ममिला में सरकार मेटा (Meta) कंपनी के सख्त नोटिस जारी कइले बिया।

सरकार के सख्त आदेस

इलेक्ट्रॉनिक्स आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्रालय इंस्टाग्राम के आदेस देले बा कि जवन विज्ञापन भा कंटेंट CSEAM के बढ़ावा देला भा ओह तक पहुंचे में मदद करेला, ओकरा के तुरंत हटावल जावs।

7 दिन में जवाब देवे के निरदेस

सूत्रन के मोताबिक सरकार के ओर से मेटा से एह पूरा ममिला पs 7 दिन के भीतर विस्तृत जवाब मांगल गइल बा। संगही साफ कहल गइल बा कि सोसल मीडिया प्लेटफॉर्म पs लईकन के सुरक्षा से समझौता कवनो हालत में बर्दाश्त ना कइल जाई।

सरकार के ई डेग ऑनलाइन प्लेटफॉर्म पs सुरक्षित वातावरण बनावे के दिशा में एगो बड़ पहल मानल जा रहल बा।

Read Also: UP Anganwadi Bharti : 2500 से जादे पदन पs निकलल बहाली, 12वीं पास महिला अभ्यर्थी भर सकी लो आवेदन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.