U19 World Cup: उदय सहारन आ सचिन दास के जोड़ी बनवलस वर्ल्‍ड रिकॉर्ड

khabar Bhojpuri Desk
- Sponsored Ads-

भारतीय अंडर-19 क्रिकेट टीम मंगर के बेजोर प्रदर्शन करत आईसीसी अंडर-19 वर्ल्‍ड कप 2024 के सेमीफाइनल में दक्षिण अफ्रीका के 2 विकेट से मात देलस। भारतीय टीम लगातार पांचवीं बार अंडर-19 वर्ल्‍ड कप फाइनल में प्रवेश कइले बा। सहारन-दास के जोड़ी युवा क्रिकेट में पांचवा विकेट खातिर सबसे बड़का साझेदारी के वर्ल्‍ड रिकॉर्ड अपना नावे करऽ चुकल बा।

दिगजन लो के पीछा छोड़ले

उदय सहारन आ सचिन दास मजबूत साझेदारी कऽ के बांग्‍लादेश के जोड़ी के वर्ल्‍ड रिकॉर्ड तऽ गिरा देले ओकरा बाद बांग्‍लादेश के तौहिद ह्दय आ शमीम हुसैन एकरा पहिले पांचवां विकेट खातिर 161 रन के साझादारी कइले रहले।

- Sponsored Ads-

उहे, भारत के ओर से पांचवां विकेट खातिर सबसे बड़ साझेदारी के रिकॉर्ड सरफराज खान आ रिकी भुई के नांवे लिखाइल रहे। खान आ भुई पांचवां विकेट खातिर 159 रन जोड़ले रहे। अब उदय सच‍िन ई दुनु जोड़‍ियन के पीछे छोड़त इतिहास के पन्ना में अपना नांव दर्ज करा लेले बा।

मैच के हाल

उदय सहारन (81) आ सचिन दास (96) के शानदार पारियन के बदौलत भारतीय टीम मंगर के दिने आईसीसी अंडर-19 वर्ल्‍ड कप 2024 के सेमीफाइनल में दक्षिण अफ्रीका से 13 गेंद बाकि रहते दू विकेट से मैच जीत लेलस।

भारत बेनोनी में खेलल गइल सेमीफाइनल में पहिले गेंदबाजी के फैसला लेलस। दक्षिण अफ्रीका पहिले बल्‍लेबाजी के आ निरधारित कइल गइल 50 ओवर में सा‍त विकेट गवां के 228 रन बनवलऽ। जवाब में भारत 48.5 ओवर में 8 विकेट गवां के लक्ष्य हासिल कइसल। भारत के अंडर-19 वर्ल्‍ड कप के फाइनल में पाक आ ऑस्‍ट्रेलिया के मैच विजेता से भिड़त होई।

- Sponsored Ads-

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।