इंग्लैंड के भारत दौरा पऽ बांचल तीन गो टेस्ट खातिर भारतीय टीम के भइल घोषणा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 10, 2024

बीसीसीआई सनिचर के इंग्‍लैंड के खिलाफ बांचल तीन गो टेस्‍ट खातिर भारतीय टीम के घोषणा कऽ देले बिया। श्रेयस अय्यर आ सौरभ कुमार के शेष सीरीज से बाहर कऽ दिहल गइल बा। भारतीय टीम में

Share

बीसीसीआई सनिचर के इंग्‍लैंड के खिलाफ बांचल तीन गो टेस्‍ट खातिर भारतीय टीम के घोषणा कऽ देले बिया। श्रेयस अय्यर आ सौरभ कुमार के शेष सीरीज से बाहर कऽ दिहल गइल बा। भारतीय टीम में पहिला बेर बंगाल के तेज गेंदबाज आकाशदीप के जगे मिलल बा।

जानीं केकरा मिलल मौका आ के भइल बाहर 

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) सनिचर के इंग्‍लैंड के खिलाफ शेष तीन गो टेस्‍ट खातिर 17 सदस्‍यीय भारतीय टीम के घोषणा कऽ देले बिया। रोहित शर्मा के नेतृत्‍व वाली भारतीय टीम से श्रेयस अय्यर आ सौरभ कुमार के बाहर के राह देखावल गइल बा। बंगाल के तेज गेंदबाज आकाश दीप के पहली बेर राष्‍ट्रीय टीम से बोलावा आइल बा।

भारतीय टीम के स्‍टार बल्‍लेबाज विराट कोहली कवनो निजी कारन से शेष सीरीज में हिस्सा ना लेवे के फैसला कइले बाड़े। बोर्ड प्रेस विज्ञिप्‍त जारी कऽ के कहलस हऽ, ”विराट कोहली शेष सीरीज में कवनो निजी कारन से हिस्‍सा नइखन लेत आ बोर्ड उनका फैसला के पुरजोर रूप से इज्‍जत करऽता”

एकरा साथे बोर्ड इहो बतवलस कि रवींद्र जडेजा आ केएल राहुल के बेशक टीम में शामिल कइल गइल बा, बाकिर बीसीसीआई मेडिकल टीम से हरा झंडा मिलला के बादे इंकां लो के प्‍लेइंग 11 में शामिल कइल जाईं।

इयाद दिला दी कि भारत आ इंग्‍लैंड के बीच तीसरका टेस्‍ट राजकोट में 15 फरवरी से शुरू होई। एकरा बाद 23 फरवरी से रांची में चउथा टेस्‍ट खेलल जाई।पांचवां आ अंतिम टेस्‍ट धर्मशाला में 7 मार्च से खेलल जाई।

भारतीय स्‍क्‍वाड कुछ ए परकार के बा 

रोहित शर्मा (कप्‍तान), जसप्रीत बुमराह, यशस्‍वी जायसवाल, शुभमन गिल, केएल राहुल*, रजत पाटीदार, सरफराज खान, ध्रूव जुरैल, केएस भरत, रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेजा*, अक्षर पटेल, वॉशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, मोहम्‍मद सिराज, मुकेश कुमार आ आकाशदीप।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.