Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पूर्व विधायक अनंत सिंह के बिगड़ल तबीयत: किडनी आ पेट के बेमारी के बाद अस्पताल में भइलें भरती

262
Google Ads 300*250 for posts

बाहुबली आ पूर्व विधायक अनंत सिंह के तबीयत बिगड़ गइल बा। उनका के आईजीआईएमएस में भर्ती करावल गइल बा। अनंत सिंह के किडनी से संबंधित समस्या के बाद अस्पताल में भरती करावल गइल। डॉक्टर लोग उनकर जांच कइल आ उनकर इलाज अभी हो रहल बा।

जेल में बिगड़ल ‘छोटे सरकार’ के तबीयत

मोकामा से पूर्व राजद विधायक अनंत सिंह के जेल में अचानक तबीयत खराब होखला के बाद उनका के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जांच के बाद अनंत सिंह के पेट आ किडनी से जुड़ल बेमारी पावल गइल। एकरा बाद उनका के एडमिट कs लिहल गइल।

अस्पताल के एगो डॉक्टर बतवलें कि किडनी से जुड़ल समस्या बा। उनकर क्रिएटिनिन लेवल जादे पावल गइल बा। दवा आदि से उनकर इलाज चल रहल बा। फिलहाल उनका के आईजीएमएस के प्राइवेट वार्ड के डीलक्स रूम नंबर 51 में भर्ती कइल गइल बा। जहां विशेषज्ञ डॉक्टरन के देखरेख में इलाज चल रहले बा।

साभार : दैनिक भास्कर

798150cookie-checkपूर्व विधायक अनंत सिंह के बिगड़ल तबीयत: किडनी आ पेट के बेमारी के बाद अस्पताल में भइलें भरती

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.