[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: एनईआर के ट्रेन में पहिला बेर होई हॉलीवुड फिलिम के शूटिंग- जानीं कवन होई पहिला फिलिम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पूर्वोत्तर रेलवे (एनईआर) के स्टेशन आ ट्रेन अब शूटिंग खातिर विदेशी फिल्मकारन के पसंद बने लागल बा। पहिला बेर एह रेलवे जोन में हॉलीवुड के कवनो फीचर फिलिम के शूटिंग होखे वाला बा

ट्रैवलर्स नाम के एह फिलिम के डायरेक्टर फ्रांस के पिरोर फिल्मौन हउवें आ मुख्य किरदार के भूमिका ऑस्ट्रेलियाई अभिनेता जेवियर सैमुअल कइले बाड़न. शूटिंग 23 आ 24 अप्रैल के मंडुआडीह स्टेशन पs होखी. एकरा खातीर छपरा-लखनऊ एक्सप्रेस में अलग से बोगी लगावल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे (एनईआर) के स्टेशन आ ट्रेन अब शूटिंग खातिर विदेशी फिल्मकारन के पसंद बने लागल बा. पहिला बेर एह रेलवे जोन में हॉलीवुड के कवनो फीचर फिलिम के शूटिंग होखे वाला बा. ट्रैवलर्स नाम के एह फिलिम के निर्देशक फ्रांस के पिरोर फिल्मौन हउवें आ मुख्य किरदार के भूमिका ऑस्ट्रेलियाई अभिनेता जेवियर सैमुअल कइले बाड़न. शूटिंग 23 आ 24 अप्रैल के मंडुआडीह स्टेशन पs होखी.

एकरा खातीर छपरा-लखनऊ एक्सप्रेस में अलग से बोगी लगावल जाई

फिल्मन के शूटिंग खातिर लखनऊ सिटी, वाराणसी आ गोरखपुर जंक्शन अधिका उपयुक्त बा. साल 2021 में पहिला बेर रवि किशन के फिल्म प्रतिरक्षा चौरीचौरा के शूटिंग गोरखपुर रेलवे स्टेशन पs भइल. एकरा अलावे नायक बिगबी यानी अमिताभ बच्चन, आयुष्मान खुराना, रवि किशन, उर्वशी रौतेला, रणदीप हुड्डा, साक्षी तंवर जईसन मशहूर कलाकार पूर्वोत्तर रेलवे में शूटिंग कईले बाड़े।

अब पहिला बेर कवनो विदेशी फिलिम के शूटिंग होखी. अमेरिका के केवीआर प्रोडक्शंस के बनावल एह फिलिम में अभिनेता जेवियर सैमुअल आ अभिनेत्री सोनल सहगल मुख्य भूमिका में रहीहें. एहमें श्रीधर मुख्य भूमिका में भी नजर अइहें. जेवियर सैमुअल एगो ऑस्ट्रेलियाई फिलिम आ थिएटर अभिनेता बाड़ें। उनकर फिलिम एडोर, सितंबर, फारवर्ड वी सर्च, न्यूकैसल आदि लोकप्रिय रहल बाड़ी सऽ।

फिलिम के स्थानीय प्रोड्यूसर ज्ञान प्रकाश पांडेय बतवले कि फिलिम के शूटिंग के औपचारिकता पूरा हो रहल बा। अंग्रेजी में बनत ई फिलिम ओटीटी प्लेटफार्म पs रिलीज होखी. फिलिम के पटकथा रोचक बा.

शांति के तलाश में एगो युवक धार्मिक नगर वाराणसी से ट्रेन से यात्रा करेला अवुरी रास्ता में भारत के विविधता देखता।

‘शुभ मंगल ज्यादा सावधान’ से अब ले के सबसे जादा कमाई

पूर्वोत्तर रेलवे के फिलिमन से अबले के सबले बेसी कमाई आयुष्मान खुराना, गजरा राव, नीना गुप्ता अभिनीत फिलिम “शुभ मंगल ज़्यादा सावधान” से भइल बा. साल 2018 में एह फिलिम के शूटिंग वाराणसी (पहिले मंडुआडीह) से भइल रहे। एहमें रेलवे के 45 लाख रुपिया मिलल.

एकरा बाद एनईआर के छोटे नवाब में 40 लाख, फैमिली ऑफ ठाकुरगंज में 19 लाख अवुरी बरेली की बरफी में सात लाख रुपिया के कमाई भईल रहे। पूर्वोत्तर रेलवे गोरखपुर पिछला पांच साल में 14 गो फिलिमन के शूटिंग खातिर खाली बोगी दे दिहले बा.

साल 2022-23 में माई, मिशन मजनू आ रॉबरी के शूटिंग बोगी में भइल बा. शूटिंग खातिर बोगी उपलब्ध करावे के बदला में रेलवे फिलिम निर्माता लोग से बढ़िया रकम के किराया वसूलेले.

एनईआर में ऑनलाइन पोर्टल के सुविधा 

एनईआर प्रशासन फिलिम निर्माण कंपनी के स्टेशन पs भा ट्रेन में शूटिंग करे खातिर ऑनलाइन पोर्टल तइयार कइले बा. एह पोर्टल खातिर कंपनी के प्रतिनिधियन के शूटिंग के मंजूरी खातिर विभागन में जाए के जरूरत नइखे.

एक हफ्ता के भीतर ऑनलाइन आवेदन के मंजूरी मिल रहल बा। शूटिंग के फीस ऑनलाइन भी जमा करावल जाला।

शूटिंग करे के अनुमति खातिर का जरूरी बा?

फिलिम पटकथा (रेल कैंपस में शूट होखे वाला हिस्सा), व्यापक बीमा, लाइसेंस फीस, रोलिंग स्टॉक चार्ज, क्षतिपूर्ति बॉन्ड एग्रीमेंट समझौता

हर लोकेशन खातिर शुल्क अलग अलग होला

लाइसेंस फीस के शुल्क दिहल जाला

ए-1, ए के खातिर 1 लाख के रुपिया

बी-1, बी के खातिर 50 हजार रुपिया

अन्य शहरन में 25 हजार

रोलिंग स्टॉक चार्ज

स्पेशल ट्रेन – 4 लाख 74 हजार 345 (इंजन, चार नॉन एसी कोच व एक एसएलआर)

एसी कोच खातिर पांच प्रतिशत जीएसटी अतिरिक्त

सिक्योरिटी फीस – 50 हजार प्रति कोच (मिनिमम ढाई लाख)

एनईआर के सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह कहले कि पूर्वोत्तर रेलवे में फिलिम के शूटिंग के मांग बा। एही क्रम में बनारस रेलवे स्टेशन पs फिलिम के शूटिंग के अनुमति लिहल गइल बा. एकरा पs नियम के मुताबिक कार्रवाई कईल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]