Patna News: पटना के फेमस बिल्डर के शव नाला से बरामद, पूरा इलाका में हड़कंप; जांच में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 22, 2024

Patna News: पटना के फुलवारीशरीफ थाना क्षेत्र के एगो प्रसिद्ध बिल्डर के शव बियफे के देर सांझ नाला से बरामद भइल। ममिला के जांच कs रहल पुलिस पोस्टमार्टम रिपोर्ट के इंताजार कs रहल बा। पोस्टमार्टम

Share

पटना के नामी बिल्डर के शव नाला में मिलल

Patna News: पटना के फुलवारीशरीफ थाना क्षेत्र के एगो प्रसिद्ध बिल्डर के शव बियफे के देर सांझ नाला से बरामद भइल। ममिला के जांच कs रहल पुलिस पोस्टमार्टम रिपोर्ट के इंताजार कs रहल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट के बादे खुलासा होई कि मौत नाला में डूबला भइल बा कि हत्या हs। घटना के बारे में बतावल जात बा कि नोहसा निवासी पिनाइकल ग्रुप के मालिक शब्बीर आजम अपना एगो बड़ प्रोजेक्ट के निमार्ण स्थल पs दुपहरिया में गइल रहस।

निमार्ण कार्य के जायजा लेत टहलते रहस कि अचानक से लापता हो गइलें। कुछे देर बाद उनकर कर्मचारी पास के नाला के लगे मोबाइल देखलस। मोबाइल कंपनी के मालिक के रहे। एकरा बाद कर्मचारी उनकर खोज करे लागल लो, तब देखल की शव नाला में पड़ल बा।

शव के निकाल एम्स लेके भागल लो, जहां डाक्टर मृत घोषित कs दिहल लो। सूचना पs पुलिसो पहुंचल आ छानबीन कइलस। खुला नाला मात्र एक फीट के रहे। पुलिस नाला में जमा पानी के मापी कइलस। नाला में चार फीट पानी जमा रहे। पुलिस हर एगो पहलू के जांच करत बिया।

जहानाबाद में मायका गइल महिला के बेरहमी से हत्या

ओहिजा, एगो आउर घटना में जहानाबाद के डेढ़सैया गांव में अपना मायके आइल एगो महिला के ओकर पति चाकू गोदके निर्मम तरीका से हत्या कs दिहल आ फरार हो गइल। महिला खुशबू देवी के बियाह दु साल पहिले पटना के गौरीचक निवासी बबलू से भइल रहे। कुछ दिनन बाद पति बबलू के दूसरका महिला से प्रेम प्रसंग के ममिला सामने अइला पs पति-पत्नी में विवाद बढ़ गइल रहे। दु महिना पहिले खुशबू अपना तीन महीना के लईका के संगे नइहर आ गइल रहली, जहां अपना माई-बाबूजी के संगे रहत रहली।

गोरखपुर में वकीलन के हंगामा: पुलिस पs अधिवक्ता के हमलावरन के छोड़े के आरोप; इंस्पेक्टर के सस्पेंड करे के मांग

बियफे के बबलू अपना ससुराल पहुंचल आ खुशबू के संगे ले जाये के जिद करे लागल। खुशबू के पिता अशोक बाद में भेजे के बात कहके अपना काम से निकल गइलें। घर में एगो भउजाई के अलावे बबलू-खुशबू आ तीन महीना के लईका रह गइल। बाबूजी के गइला के बाद पति-पत्नी के बीच विवाद बढ़ गइल, जवना के बाद आगबबूला बबलू मासूम लईका के सामनही चाकू से गोदके खुशबू के हत्या कs दिहल आ फरार हो गइल।

चीख सुनके भउजाई अपना कमरा से निकलली, खुशबू के लहूलुहान देखके अपना पति पिंटू आ ससुर अशोक के सूचना देली। दुनो आनन-फानन में पहुंचल लो आ खुशबू के सदर अस्पताल ले गइल लो, जहां डाक्टर जांच के उपरांत ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो। सूचना पs पहुंचल पुलिस महिला के शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल। घटना के लेकर स्वजन के बयान पs आरोपित बबलू पs केस दर्ज कइल गइल बा। पुलिस घटना के छानबीन सुरू कs देले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.