Gautam Adani के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट आ प्रत्यर्पण के हो सकेला कोशिश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 22, 2024

  करोड़ों डॉलर के घूसखोरी के मामिला में अमेरिका गौतम अडानी आ सात गो अउरी लोग का खिलाफ सिविल आ आपराधिक आरोप लगवले बा. न्यूयार्क के एगो प्रमुख वकील के कहल बा कि ई मामिला

Share

Gautam Adani

 

करोड़ों डॉलर के घूसखोरी के मामिला में अमेरिका गौतम अडानी आ सात गो अउरी लोग का खिलाफ सिविल आ आपराधिक आरोप लगवले बा. न्यूयार्क के एगो प्रमुख वकील के कहल बा कि ई मामिला बहुते बढ़ सकेला आ गिरफ्तारी के वारंट आ प्रत्यर्पण ले के कोशिश हो सकेला. अमेरिकी न्याय विभाग गौतम अडानी आ उनुकर भतीजा सागर अडानी के साथे सात गो लोग के साथे आंध्र प्रदेश आ ओडिशा के अधिकारियन के महँग सौर ऊर्जा खरीदे खातिर घूस देबे के आरोप लगवले बा. हालांकि एकरा में अधिकारी के नाव के खुलासा नईखे भईल।

एह परियोजना से 20 साल में समूह के दू अरब डॉलर से अधिका के मुनाफा मिले के उमेद बा. हालांकि अडानी समूह एs आरोप के खारिज करत कहलस कि अमेरिकी अभियोजकन के ओर से लगावल गईल आरोप ‘निराधार’ बा अवुरी इs समूह ‘सब कानून के पालन करता।’ सात गो अउरी लोग के आ जवना देशन में ऊ लोग रहेला ओहिजा केस के आगे बढ़ावेलाना.” उs कहले कि, जदी ओ देश के प्रत्यर्पण संधि बा, जईसे कि भारत के बा,तs संप्रभु राष्ट्र के बीच भईल द्विपक्षीय अनुबंध के मुताबिक निवासी राष्ट्र के प्रत्यर्पण भईल व्यक्ति के अमेरिका के सौंप देवे के होई। एगो प्रक्रिया बा जवना के पालन निवासी राष्ट्र के अपना कानून के मुताबिक करे के होई।”

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.