Bihar News : बिहार सरकार सीएम नीतीश कुमार के गाड़ी के कटलस चालान; पहिलहूं कटल रहे चालान, बाकिर जमा ना भइल राशि

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2024

पटना सहित बिहार के सब जिलन में आम लोग धड़ल्ले से यातायात के नियमन के उल्लंघन करेला। यातायात पुलिस अइसन लोगन के चालान काटेले। अब एगो खास शख्स के गाड़ी के चालान कटल बा जवन

Share

पटना सहित बिहार के सब जिलन में आम लोग धड़ल्ले से यातायात के नियमन के उल्लंघन करेला। यातायात पुलिस अइसन लोगन के चालान काटेले। अब एगो खास शख्स के गाड़ी के चालान कटल बा जवन बहुते चरचा में बा। ऊ खास केहू आउर ना बलुक बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार हवे। उनकर गाड़ी से नियम तुड़ल गइल बा। उहो प्रदूषण के। मंगर के सीएम नीतीश कुमार रोहतास गइल रहस। ऊ करगहर के कुसही गांव में पश्विम चंपारण में जिलाधिकारी दिनेश कुमार राय के पिता के पुण्यतिथि में सामिल होखे सरकारी गाड़ी से गइल रहस।

सीएम नीतीश कुमार एह गाड़ी में मवजूद ना रहस 

एही दौरान पावल गइल कि सीएम नीतीश कुमार के गाड़ी (BR01CL 0077) के पॉल्यूशन सर्टिफिकेट फेल बा। ओकरा के दुरुस्त नइखे करवावल गइल। एह कारण उनका गाड़ी के चालान कट गइल। एह गाड़ी के पॉल्यूशन सर्टिफिकेट 2 अगस्त 2024 के सामाप्त हो गइल बा। एकरा बादो अभी ले सर्टिफिकेट नइखे बनवावल गइल। हालांकि, रोहतास टोल पs ऑनलाइन चालान कटत घरी सीएम नीतीश कुमार एह गाड़ी में मवजूद ना रहस। ऊ दूसरका गाड़ी में बइठल रहस।

एकरा पहिले 23 फरवरी के कटल रहे चालान

विपक्ष के मानीं तs ई पहिला बेर नइखे जब मुख्यमंत्री के गाड़ी यातायात के नियमन के उल्लंघन करत पावल गइल।एकरा पहिले 23 फरवरी 2024 के गाड़ी के सीट बेल्ट ना लगावे पs चालान काटल गइल रहे, बाकिर अभी ले एकर चालान नइखे भरल गइल। अब पॉल्यूशन सर्टिफिकेट ना होखे से गाड़ी के चालान कट गइल।

चालान कटला पs विपक्ष हमला बोललस 

एने, सीएम नीतीश कुमार के सरकारी गाड़ी के चालान कटला पs विपक्ष हमला बोलले बा। राष्ट्रीय जनता दल कहलस कि मुख्यमंत्री के गाड़ी के चालान ना काटल ई बतावात बा कि राज्य में नियम खाली आम जनता खातिर लागू बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.