Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शहर के उत्तरी हिस्सा में रही दु घंटा के पावर कट : सबेरे 10 से 12 बजे तक बिजली बाधित, दुगो फीडर में होई मरम्मती के काम

519

छपरा के शहरी क्षेत्र में आज दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। कनीय अभियंता बतवलें कि प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला साढ़ा फीडर आ बाजार समिति फीडर में मरम्मती के काम होखे के बा। एह दौरान शहर के उत्तरी हिस्सा में सबेरे 10 बजे से 12 बजे तक बिजली बाधित रही।

ऊ कहलें कि गर्मी बढ़तही पावर ट्रिप के समस्या होेखे लागल बा। एहिसे मरम्मती के काम होखल जरूरी बा। एमे ट्रांसफार्मर आ जंफर के रिपेयरिंग होई आ संगही कइयन गो काम कइल जाये के बा। काम खत्म होखला के बाद बिजली फेर से बहाल कs दिहल जाई।

798120cookie-checkशहर के उत्तरी हिस्सा में रही दु घंटा के पावर कट : सबेरे 10 से 12 बजे तक बिजली बाधित, दुगो फीडर में होई मरम्मती के काम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.