[the_ad_group id="30365"]

शहर के उत्तरी हिस्सा में रही दु घंटा के पावर कट : सबेरे 10 से 12 बजे तक बिजली बाधित, दुगो फीडर में होई मरम्मती के काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के शहरी क्षेत्र में आज दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। कनीय अभियंता बतवलें कि प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला साढ़ा फीडर आ बाजार समिति फीडर में मरम्मती के काम होखे के बा। एह दौरान शहर के उत्तरी हिस्सा में सबेरे 10 बजे से 12 बजे तक बिजली बाधित रही।

ऊ कहलें कि गर्मी बढ़तही पावर ट्रिप के समस्या होेखे लागल बा। एहिसे मरम्मती के काम होखल जरूरी बा। एमे ट्रांसफार्मर आ जंफर के रिपेयरिंग होई आ संगही कइयन गो काम कइल जाये के बा। काम खत्म होखला के बाद बिजली फेर से बहाल कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]