UP Weather Update: कोहरा में डूबल यूपी के कइयन शहर, छाइल धुंध, मौसम विभाग एह जिलन खातिर जारी कइले रहे अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2024

दिल्ली से आ रहल प्रदूषित पछुआ हवा के असर उत्तर प्रदेश में दिखे लागल बा। मौसम विभाग के अनुमान के मोताबिक बुध के राजधानी लखनऊ सहित आसपास के जिलन में सबेरे घाम गायब दिखल। कोहरा

Share

दिल्ली से आ रहल प्रदूषित पछुआ हवा के असर उत्तर प्रदेश में दिखे लागल बा। मौसम विभाग के अनुमान के मोताबिक बुध के राजधानी लखनऊ सहित आसपास के जिलन में सबेरे घाम गायब दिखल। कोहरा आ धुंध के वजह से गलन बढ़ गइल। आवे वाला दिनन में ई कोहरा दिखत रही।

मंगर के प्रदेश के पूर्वी आ तराई इलाकन के संगही पश्चिमी यूपी के अलग-अलग इलाकन में कोहरा के घना चादर देखे के मिली। आगरा, मुरादाबाद आ कुशीनगर जिलन में तs दृश्यता शून्य तक जा पहुंचल। ओहिजा, मध्य यूपी के अधिकांश इलाकन में दृश्यता 50 मीटर तक सिमट के रह गइल। तs पश्चिमी यूपी में रात के तापमान में गिरावट देखे के मिलल।

मंगर के 31.2 डिग्री सेल्सियस के संगे उरई प्रदेश में सबसे जादे गरम स्थान रहा। गोरखपुर आ बस्ती में अधिकतम तापमान 30 आ बहराइच में 29.6 डिग्री सेल्सियस रहल। न्यूनतम तापमान के बात कइल जावs तs गाजीपुर में 11.5, नजीबाबाद आ मेरठ में 11.6 आउर अयोध्या में 12 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल।

मौसम विभाग जारी कइलस अलर्ट

मौसम विभाग बुध के प्रदेश के तराई इलाकन सिद्धार्थनगर, श्रावस्ती आ बहराइच के संगही बलरामपुर, लखीमपुर खीरी, सीतापुर, हरदोई, फर्रुखाबाद, कन्नौज, अलीगढ़, मथुरा, हाथरस, कासगंज, एटा, आगरा, फिरोजाबाद, मैनपुरी, शाहजहांपुर, बदायूं आ आसपास के इलाकन में घना से अत्यधिक घना कोहरा के अलर्ट जारी कइले बा। ओहिजा, लखनऊ, बाराबंकी, रायबरेली, अमेठी, सुल्तानपुर, गोंडा, अयोध्या, अंबेडकरनगर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, गोरखपुर, संतकबीरनगर, बस्ती, कानपुर, उन्नाव, सहारनपुर, शामली, मुजफ्फरनगर, बागपत, मेरठ, गाजियाबाद, हापुड़, गौतमबुद्धनगर, बुलंदशहर, इटावा, औरैया, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, बरेली, पीलीभीत, संभल आ आसपास घना कोहरा छइला के आसार बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.