सुकमा से बड़ खबर, सुरक्षा बल मुठभेड़ में 10 नक्सलियन के कइल गइल ढेर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 22, 2024

  छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में सुरक्षा बल 10 नक्सलियन के ढेर कs दिहले। बता दीं कि शुक के सबेरे नक्सलियन से मुठभेड़ भइल. छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में सुरक्षा बल के बहुत सफलता मिलल

Share

सुकमा जिला में सुरक्षा बल 10 नक्सलियन के ढेर कs दिहले

 

छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में सुरक्षा बल 10 नक्सलियन के ढेर कs दिहले। बता दीं कि शुक के सबेरे नक्सलियन से मुठभेड़ भइल.

छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में सुरक्षा बल के बहुत सफलता मिलल बा। एहिजा नक्सलियन से भइल मुठभेड़ में सुरक्षा बल 10 गो नक्सलियन के ढेर कs दिहले बा. एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में शुक के सुरक्षाकर्मी अवुरी नक्सली के बीच मुठभेड़ भईल। उ बतवले कि भेज्जी थाना के अधिकार क्षेत्र में एगो जंगल में सबेरे से गोलीबारी शुरू भईल। ई मुठभेड़ तब शुरू भइल जब सुरक्षाकर्मी के एगो टीम नक्सल विरोधी अभियान पs निकलल रहे. बता दीं कि केंद्र सरकार के मकसद बा कि 2026 ले नक्सलवाद खतम हो जाए।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.