Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

30, 31 दिसंबर अउर 7 जनवरी के होई बीपीएसएसी 67वीं मुख्य परीक्षा

452

बिहार लोक सेवा आयोग एह महीना बीपीएसएसी 67वीं मुख्य परीक्षा खातिर आवेदन के तारीख बढ़वले रहे अउर अब निकाय चुनाव के तारीख के देखत परीक्षा तिथि में भी बदलाव कइल गइल बा। अब 30, 31 अउर 7 जनवरी के 67वीं मुख्य परीक्षा होई।

29 दिसंबर के होखे वाला परीक्षा 7 जनवरी के होई। मतलब, खाली 29 दिसंबर वाली परीक्षा के तारीख बदलल गइल बा। नयका अधिसूचना के अनुसार 30 दिसंबर के सामान्य अध्ययन के दूनों पत्र के परीक्षा होई, 31 दिसंबर के सामान्य हिंदी अउर 7 जनवरी के वैकल्पिक विषय के परीक्षा होई।

बीपीएससी 67वीं प्रारंभिक परीक्षा सितंबर में भइल अउर परिणाम 17 नवंबर के घोषित कइल गइल बा। मुख्य परीक्षा खातिर कुल 11,607 उम्मीदवारन के योग्य घोषित कइल गइल रहल। बिहार राज्य सरकार में 802 पद पर भर्ती खातिर भर्ती अभियान चलावल जा रहल बा। बीपीएससी मुख्य परीक्षा खातिर आवेदन के समय-सीमा के एही महीना बढ़ा के 10 दिसंबर ले कs दीहल गइल रहे।

419540cookie-check30, 31 दिसंबर अउर 7 जनवरी के होई बीपीएसएसी 67वीं मुख्य परीक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.