Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BSSC ग्रेजुएट लेवल एग्जाम: पेपर लीक भइले के बादो परीक्षा नाइ भइल रद्द, दलील- प्रश्न भइल वायरल…उत्तर नाइ; आजुओ हो रहल बा पेपर

214

बिहार कर्मचारी चयन आयोग (BSSC) सुक्क के आयोजित तृतीय स्नातक स्तरीय प्रारंभिक परीक्षा (PT) के पहिला पाली के परीक्षा रद्द नाइ कइल गइल। 10 बजे शुरू भइल परीक्षा के प्रश्नपत्र बीएसएससी के अनुसार 11:09 बजे सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल रहे, लेकिन आयोग उत्तर वायरल होखले के पुष्टि नाइ भइले के दलील देत परीक्षा रद्द करे से इनकार कइले बा।

बीएसएससी के दलील के हकीकत ई बा कि प्रश्नपत्र परीक्षा हॉल से निकल के मीडिया ले 10:53 पर ही पहुंच गइल रहे, फिर भी आयोग के मानल ई बा कि 12:15 पर खतम भइल परीक्षा के समय ले उत्तर परीक्षा भवन ले नाइ पहुंचल रहे। आयोग के परीक्षा रद्द करे खातिर उत्तर के वायरल होखले के पुष्टि के इंतजार बा, जबकि परीक्षार्थियन के समूह पेपर लीक से गुस्सा बा। एही बीच सनीचर के एक पाली में ई परीक्षा आयोजित भी कइल जा रहल बा।

EOU कs रहल बा जांच, उत्तर वायरल के पुष्टि होखे त परीक्षा हो जाई रद्द

बिहार कर्मचारी चयन आयोग प्रेस नोट जारी कs के बतवले बा कि उनके सुक्क के दूपहर 12:30 बजे आर्थिक अपराध इकाई (EOU) के पदाधिकारियन के जरिए व्हाट्सएप पर प्रश्नपत्र मिलले के जानकारी भइल। प्रश्न के एह पन्ना के मिलान परीक्षा में पूछल गइल प्रश्न से कइल गइल त ई सही निकलल। सूक्ष्म सत्यापन से संबंधित केंद्र के पता चलल, जहां से एह घटना से संबंधित महत्वपूर्ण जानकारी हासिल कइल गइल रहे।

पता चलल कि प्रश्न पुस्तिका के व्हाट्सएप पर 11:09 बजे फॉरवर्ड कइल गइल। ई सब जानकारी आर्थिक अपराध इकाई से साझा कइल गइल बा। आयोग के चेयरमैन रवींद्र कुमार कहनें कि आयोग के अगर आगे के जांच में प्रश्न पत्र के परीक्षा केंद्र से बाहर गइले अउर परीक्षा प्रभावित होखले के जानकारी मिलsता त पहिला पेपर रद्द कs दिहल जाई।

419580cookie-checkBSSC ग्रेजुएट लेवल एग्जाम: पेपर लीक भइले के बादो परीक्षा नाइ भइल रद्द, दलील- प्रश्न भइल वायरल…उत्तर नाइ; आजुओ हो रहल बा पेपर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.