सलमान खान के हाल बाबा सिद्दीकी से भी खराब होई’, लॉरेंस बिश्नोई गैंग के नाव से एक्टर के मिलल धमकी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 18, 2024

    अभिनेता सलमान खान के एक बेर फेरु लॉरेंस बिश्नोई गिरोह के नाव पs धमकी मिलल बा.  मिलल प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक लॉरेंस बिश्नोई गैंग नाव के इस्तेमाल करेवाला केहु के ओर से व्हाट्सएप

Share

एक्टर सलमान खान

 

 

अभिनेता सलमान खान के एक बेर फेरु लॉरेंस बिश्नोई गिरोह के नाव पs धमकी मिलल बा.  मिलल प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक लॉरेंस बिश्नोई गैंग नाव के इस्तेमाल करेवाला केहु के ओर से व्हाट्सएप पs मुंबई पुलिस के ट्रैफिक डिवीजन पs धमकी भेजल गईल बा। एहमें ऊ एह पूरा मामिला के चुप करावे खातिर पाँच करोड़ रुपिया के माँग कइले बाड़न.  धमकी देवे वाला कहलस कि अगर उs ए मामला के गंभीरता से ना लीहे तs सलमान खान के हालत बाबा सिद्दीकी से जादे खराब हो जाई। बता दीं कि हालही में सलमान खान के दोस्त राकांपा नेता आ पूर्व मंत्री बाबा सिद्दीकी के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल.

सलमान खान के आवास के सुरक्षा कड़ा

एs मामला में मुंबई पुलिस के कहनाम बा कि आरोपी के जल्दी से जल्दी गिरफ्तार कs लिहल जाई। एकरा बारे में क्राइम ब्रांच के टीम के भी जानकारी दिहल गईल बा। धमकी देवे वाला के पहचान हो रहल बा।  धमकी वाला संदेश में कहल गइल बा कि एकरा के हल्का में मत लीं. अगर सलमान खान जिंदा रहल आ लॉरेंस बिश्नोई से आपन दुश्मनी खतम कइल चाहत बाड़न तs ओकरा पाँच करोड़ रुपिया देबे के पड़ी. अगर पईसा ना दिहल जाई तs उनकर हालत बाबा सिद्दीकी से भी खराब हो जाई। ए खतरा के बाद सलमान खान के बांद्रा आवास के आसपास सुरक्षा बढ़ा दिहल गईल बा। पिछला धमकी के बाद से अभिनेता के सुरक्षा हाई अलर्ट पs बा आ एह ताजा घटनाक्रम से उनुका सुरक्षा पs नया चिंता पैदा हो गइल बा.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.