[the_ad_group id="30365"]

केंद्रीय कर्मचारियन के महंगाई भत्ता में हो सकत बा बढ़न्ती: ई 50% से बढ़के 53% हो सकबा, आज कैबिनेट बैठक में फैसला संभव

एकर फायदा करीब 52 लाख केंद्रीय कर्मचारियन आ 60 लाख पेंशनर्स के होई। (फाइल फोटो)
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय कर्मचारियन के मिले वाला महंगाई भत्ता (DA) में जल्दिये बढ़न्ती हो सकत बा। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार आज माने 16 अक्टूबर के होखे वाला कैबिनेट के बैठक में सरकार DA में बढ़न्ती पs फैसला ले सकत बा। सरकार 3% DA बढ़ा सकत बा। जदि अइसन होत बा तs ओकर महंगाई भत्ता 50% से बढ़के 53% हो जाई। एकर फायदा करीब 52 लाख केंद्रीय कर्मचारियन आ 60 लाख पेंशनर्स के होई।

का होला महंगाई भत्ता?

महंगाई भत्ता अइसन पईसा हs जवन महंगाई बढ़े के बावजूद सरकारी कर्मचारियन के जिनगी स्तर के बना के रखे खातिर दिहल जाला। ई पईसा सरकारी कर्मचारियन, पब्लिक सेक्टर के कर्मचारियन आ पेंशनधारकन के दिहल जाला।
एकर कैलकुलेशन देस के मवजूदा महंगाई के मोताबिक हर छव महीना पs कइल जाला। एकर गणना संबंधित वेतनमान के आधार पs कर्मचारियों के मूल वेतन के अनुसार कइल जाला। महंगाई भत्ता शहरी, अर्ध-शहरी भा ग्रामीण क्षेत्र के कर्मचारियन के अलग-अलग हो सकत बा।

महंगाई भत्ता के कैलकुलेशन कइसे होला?

महंगाई भत्ता निर्धारण खातिर एगो फॉर्मूला दिहल गइल बा। केंद्र सरकार के कर्मचारियन खातिर ई फॉर्मूला बा [(पिछला 12 महीना के ऑल इंडिया कंज्यूमर प्राइस इंडेक्स (AICPI) के औसत – 115.76)/115.76]×100।अब जदि PSU (पब्लिक सेक्टर यूनिट्स) में काम करे वाला लोगन के महंगाई भत्ता के बात कइल जाव तs एकर कैलकुलेशन के तरीका ई बा- महंगाई भत्ता प्रतिशत= (बीतल 3 महीनन के उपभोक्ता मूल्य सूचकांक के औसत (बेस ईयर 2001=100)-126.33))x100

ऑल इंडिया कंज्यूमर प्राइस इंडेक्स का हs?

भारत में दु तरे के महंगाई होला। एगो रिटेल माने खुदरा आ दूसरका थोक महंगाई होला। रिटेल महंगाई दर आम ग्राहकन के तरफ से दिहल जाये वाला कीमतन पs आधारित होला। एकरा के कंज्यूमर प्राइस इंडेक्स (CPI) कहल जाला।

DA के बाद केतना फायदा होई?

एकरा खातिर नीचे लिखल फॉर्मूला में आपन सैलरी भरीं..(बेसिक पे + ग्रेड पे) × DA% = DA अमाउंट

आसान भाषा में समझल जाव तs बेसिक सैलरी में ग्रेड सैलरी के जोड़े के बाद जवन सैलरी बनेला, ओमे महंगाई भत्ता के दर के गुणा कइल जाला। जवन नतीजा आवेला, ओकरे के महंगाई भत्ता माने डेअरनेस अलाउंस (DA) कहल जाला। अब एकरा के एगो उदाहरण से समझल जाव, मान लिही राउर बेसिक सैलरी 10 हजार रुपिया आ ग्रेड पे 1000 रुपिया बा।

दुनो के जोड़ला पs टोटल 11 हजार रुपिया भइल। अब बड़े वाला 50% महंगाई भत्ता के लिहाज से देखल जाव, तs ई 5,500 रुपिया भइल। सबका के जोड़के राउर टोटल सैलरी 16,500 रुपिया भइल। ओहिजा 46% DA के लिहाज से 16,060 रुपिया सैलरी मिल रहल बा। माने 4% DA बढ़ला के बाद हर महीना 440 रुपिया के फायदा होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]