[the_ad_group id="30365"]

यूपी: राज्य कर्मचारियन खातिर खुशखबरी, दिवाली से पहिले होई बढ़ल डीए के घोषणा, केंद्र दे चुकल बा सौगात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिवाली से पहिले यूपी के कर्मचारियन के महंगाई भत्ता (डीए) में बढ़ल तोहफा मिल जाई। एकर लाभ 17 लाख से जादे राज्य कर्मियन आ शिक्षकन के मिली। वर्तमान में इहां के कर्मचारियन, अधिकारियन आ शिक्षकन के मूल वेतन पs 50 प्रतिशत डीए मिल रहल बा। केंद्र के समान तीन प्रतिशत बढ़न्ती होई, जवन जुलाई से लागू होई।

केंद्र कइलस तीन फीसदी बढ़न्ती 

केंद्र सरकार में लगभग एक करोड़ से जादे कर्मचारियन आ पेंशनरन के महंगाई भत्ता ‘डीए’ आ महंगाई राहत ‘डीआर’ में तीन फीसदी बढ़न्ती के सौगात मिलल बा। बुध के केंद्रीय कैबिनेट डीए के दरन में बढ़न्ती के प्रस्ताव पs मुहर लगावल गइल बा। पहिला जुलाई से देय महंगाई भत्ता के दर अब 50 प्रतिशत से बढ़के 53 प्रतिशत हो गइल बा। केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव कैबिनेट के बैठक के बाद भइल प्रेस ब्रीफिंग में ई जानकारी दिहल गइल बा। एकरा पहिले कॉन्फेडरेशन ऑफ सेंट्रल गवर्नमेंट एम्प्लाइज एंड वर्कर्स के महासचिव एसबी यादव 30 सितंबर के केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के पत्र लिखके डीए के दरन में बिना कवनो देरी कइले बढ़न्ती करे के मांग कइले रहस। पत्र में कहल गइल बा कि सामान्य तौर पs महंगाई भत्ता आ महंगाई राहत में बढ़न्ती के भुगतान, अक्तूबर के पहिला हफ्ता में हो जात रहे। अबकी बेर केंद्र सरकार दशहरा पs अइसन कवनो घोषणा नइखे कइलें।

मार्च महीना में चार फीसदी बढ़ावल गइल रहे महंगाई भत्ता

मार्च में सरकार महंगाई भत्ता में 4% के बढ़न्ती कइल गइल रहे, जवन जनवरी 2024 से प्रभावी होई, जवना से कुल महंगाई भत्ता मूल वेतन के 46% से बढ़के 50% हो गइल रहे। एह भत्ता के गणना पिछला 12 महीनन के अखिल भारतीय उपभोक्ता मूल्य सूचकांक के औसत पs आधारित बा, ई सरकारी वेतन आ पेंशन के निर्धारण में एगो महत्वपूर्ण घटक मानल जाला। सातवां वेतन आयोग के रिपोर्ट के अनुसार, जब महंगाई भत्ता मूल वेतन के 50% हो जाला, तs मकान किराया भत्ता सहित कइयन गो भत्ता के संशोधन के दायरा में आ जाला।

कर्मचारियन के तीन महीना के एरियरो मिली 

केंद्रीय कर्मचारियन खातिर महंगाई भत्ता बढ़ावे के एलान जुलाई से दिसंबर महीना तक खातिर कइल गइल बा। अ इसन में कर्मचारियन के अक्तूबर महीना के वेतन के संगे जुलाई, अगस्त आ सितंबर महीना के एरियरो भुगतान कइल जाई। अइसही बेवस्था प्रदेश के कर्मचारियन खातिर लागू होई। यूपी के कर्मचारियन के जुलाई से सितंबर के एरियर मिली। अक्तूबर के सैलरी में बढ़ल डीए आ जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]