[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी बोललें- चिकित्सक अउर स्टाफ के कमी तत्काल बतावल जाव, अस्पतालन में चाक-चौबंद रहे बेवस्था

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएम योगी बोललें- चिकित्सक अउर स्टाफ के कमी तत्काल बतावल जाव, अस्पतालन में चाक-चौबंद रहे व्यवस्था

कोरोना के मद्देनजर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ स्वास्थ्य विभाग अउर जिला प्रशासन के अधिकारियन के अलर्ट करत चिकित्सा संबंधी सारी व्यवस्था चाक-चौबंद रखले के निर्देश दिहले बानें। कहनें कि जदि कहीं पर चिकित्सक अउर पैरामेडिकल स्टाफ के कमी बा त शासन के तत्काल जानकारी दें, ताकि समय से व्यवस्था हो सके।

कहनें कि कोविड से बचाव खातिर हमनींके भी मॉकड्रिल के पूरा तैयारी कs लेवे के चाहीं। ऊ अस्पताल, बस अउर रेलवे स्टेशन अउर बाजार जइसे भीड़भाड़ वाले स्थान पर मास्क लगावे खातिर लोग के जागरूक करे अउर पब्लिक एड्रेस सिस्टम सक्रिय करे के निर्देश दिहलें।

अस्पतालन के व्यवस्था दुरुस्त हो

अधिकारियन के संगे कोविड प्रबंधन के तैयारियन के समीक्षा करत सीएम बोललें कि इंटीग्रेटेड कोविड कमांड एंड कंट्रोल सेंटर के तैयार रखीं। अस्पतालन में आईसीयू, वेंटिलेटर अउर विशेषज्ञ चिकित्सकन के व्यवस्था कइल जाव। जीवनरक्षक दवाइयन के आपूर्ति चेन सुचारु बनल रहे। डीएम खुदहीं सब व्यवस्था के निरीक्षण करीं।

मुख्यमंत्री ग्राम प्रधानन, पार्षद, एएनएम अउर आंगनबाड़ी कार्यकर्ता लोग के भी सक्रिय रखले के निर्देश दिहलें। कहनें कि सब जिला में रैनबसेरा के व्यवस्था के डीएम खुद औचक निरीक्षण करें अउर केहू के भी स्तर पs लापरवाही नाइ होखे के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]