सबेरे-सबेरे:ब्लड प्रेशर के कंट्रोल करे खातीर करीं इs योगासन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 18, 2024

  हाई ब्लड प्रेशर आम बात हो गईल बा। खराब जीवनशैली अवुरी बढ़त तनाव के चलते लोग के बीपी हाई होखे लागल बा। आजकल हमनी के रोज के दिनचर्या के चलते बहुत खतरनाक बेमारी के

Share

Yoga

 

हाई ब्लड प्रेशर आम बात हो गईल बा। खराब जीवनशैली अवुरी बढ़त तनाव के चलते लोग के बीपी हाई होखे लागल बा। आजकल हमनी के रोज के दिनचर्या के चलते बहुत खतरनाक बेमारी के चुपके से शरीर में घुसे लागल बा। जीवनशैली से जुड़ल बेमारी में हाई ब्लड प्रेशर के मरीज तेजी से बढ़ रहल बाड़े। जवना के कारण सिर्फ उमर ना होखेला, बालुक किडनी के बेमारी, व्यायाम के कमी, आनुवंशिक कारण, मोटापा अवुरी बहुत समस्या के चलते भी बीपी जादा होखेला। कबो खाली बुढ़ापा के चलते पैदा होखेवाला बीपी के समस्या अब युवा लोग के भी परेशान करे लागल बा। एकरा से बचे खातिर जरूरी बा कि आप योग करीं अवुरी अपना जीवनशैली में कुछ बदलाव करीं। जानीं हाई ब्लड प्रेशर कम करे खातिर कवन कवन योग आसन करे के चाहीं?

हाई ब्लड प्रेशर के कम करे खातीर योग

•वीरासन

शवासन
शवासन

ब्लड प्रेशर के मरीज के वीरासन जरूर करे के चाहीं। साँस लेवे के इs योग व्यायाम उच्च बीपी वाला लोग खातिर निमन मानल जाला। रोज विरासन कईला से ब्लड प्रेशर के नियंत्रित कईल जा सकता, नर्वस सिस्टम हेल्दी हो सकता अवुरी तनाव कम हो सकता।

•शवासन

शवासन
शवासन

रोज शवासन कइला से बढ़ल ब्लड प्रेशर कम हो सकेला। एहसे शरीर में आराम मिलेला अवुरी ब्लड प्रेशर भी सामान्य हो जाला।

•बालासन

बालासन
बालासन

शरीर में बढ़े वाला ब्लड प्रेशर के बालासन करके भी नियंत्रण कइल जा सकेला। बीपी के मरीज खातीर बालासना के एगो बढ़िया योग प्रथा मानल जाला। एहसे शरीर में आराम मिलेला अवुरी रीढ़ के हड्डी के राहत मिलेला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.