[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: भारत-नेपाल सीमा पऽ फायरिंग, जांच में जुटल दुनु देशन के अधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोतिहारी। जिला के रक्सौल मैत्री ब्रिज के लगे प्रेमनगर में भारत-नेपाल सीमा पs फायरिंग के बारे में जानकारी आइल बा। खबर के मुताबिक तस्कर अउरी एसएसबी के जवान के बीच झड़प भइल बा। एह दौरान जब तस्कर एसएसबी के जवान के नेपाल के ओर घसीटे लगले तऽ एसएसबी के आत्मरक्षा में गोली चलावे के पड़ल, जवना के बाद तस्कर भाग गइले। एकरा बाद दुनो देश के अधिकारी मौका पs पहुंच के मामला के जांच शुरू क देले, फिलहाल स्थिति सामान्य बा।

एसएसबी के जवानन पऽ हमला

रक्सौल सीमा पs तैनात एसएसबी 47 बटालियन के कमांडर विकास कुमार बतवले कि प्रेमनगर के नजदीक दु जवान तैनात रहले, जब नेपाल से तस्कर तस्करी सामान लेके आवत रहे तऽ तैनात जवान ओकरा के रोक देलस, जवना के बाद कुछ समय के भीतर कुछ आउरो तस्कर जमा हो गइले। दुनु जने एसएसबी के जवानन से झगड़ा शुरू कर दिहले। तस्कर एसएसबी जवान के वर्दी फाड़ दिहले। तैनात एसएसबी जवान के चोट लागल बा। संगही तस्कर एगो जवान नवीन कुमार के घसीटत नेपाल ले जाए लगले, जेकरा बाद आत्मरक्षा में हवाई फायरिंग करे के पड़ल। जवना के चलते तस्कर भाग गइले।

दुनो देश के अधिकारी जांच में लागल बाड़े

सीमा प गोलीबारी के सूचना पऽ भारत अउरी नेपाल के बहुत अधिकारी पहुंचले आ मामला के जांच में व्यस्त बाड़े। एसएसबी जवान के हवाई फायरिंग के चलते गोला नेपाल सीमा के ओर गिरल, जवना के जांच नेपाल पुलिस करतिया। जवना जगहा खोखा गिरल रहे ओकरा के घेराबंदी क के पूरा जांच शुरू हो गइल बा। हवाई फायरिंग में कवनो तरह के जानमाल के कवनो खबर नइखे।

सीमा पऽ इस्थिति सामान्य बा

गोलीबारी के जानकारी मिलला पs नेपाल सशस्त्र बल, भारत के एसएसबी 47 बटालियन, क्राइम ब्रांच के कमांडर स्थानीय जिला पुलिस मौका पs पहुंचल अउरी जांच में जुटल बिया। कुछ पल खातिर सीमा पs अराजकता के माहौल बनल। अधिकारी के पहुंचला के बाद इस्थिति सामान्य हो गइल। आम जनता के आवाजाही बहाल हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]