भोजपुरी जन जागरण अभियान के अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल बिहार के विपक्षी दलन के समूह महागठबंधन के आभार जतवलें। 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

भोजपुरी के संवैधानिक दर्जा के मांग करे खातिर भोजपुरी जन जागरण अभियान के अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल बिहार के विपक्षी दलन के समूह महागठबंधन के आभार जतवलें। बता दीं कि भोजपुरी जन जागरण अभियान भोजपुरी

Share

भोजपुरी के संवैधानिक दर्जा के मांग करे खातिर भोजपुरी जन जागरण अभियान के अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल बिहार के विपक्षी दलन के समूह महागठबंधन के आभार जतवलें।

बता दीं कि भोजपुरी जन जागरण अभियान भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में दर्ज करे खातिर देशव्यापी आंदोलन चला रहल बा। एही क्रम में संस्था द्वारा भोजपुरी के संविधानिक मान्यता खातिर दिल्ली के जंतर मंतर पऽ 2015 से संसद के हरेक सत्र में करीब 23 धरना प्रदर्शन के आयोजित कइल जा चुकल बा, साथहीं भारत सरकार के एह मामला में हर बेर ज्ञापन दिहल गइल बा बाकिर इ मांग लंबित बा।

जानकारी खातिर बता दी केंद्र सरकार एही माह में शास्त्रीय भाषा में मराठी, पाली, प्राकृत, असमिया आ बंगाली के जोड़ले बिया जबकि पहिले तमिल, मलयालम, संस्कृत, तेलुगु, कन्नड़ आ ओडिया के इ दर्जा मिलल रहे।

बिहार के विपक्षी पार्टियन के महागठबंधन मांग कइले बिया कि भोजपुरी के बिहार सरकार के आधिकारिक भाषा के दर्जा दिहल जाव आ केंद्र सरकार के भोजपुरी के संविधान के आंठवी अनुसूची में स्थान देवे।

भोजपुरी जन जागरण अभियान के अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल महागठबंधन के धन्यवाद देत कहले कि एह मांग से 20 करोड़ भोजपुरी भाषियन में एगो आस जागल बा। अब हमनीं के बिहार के मुख्यमंत्री, नीतीश कुमार आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से राज्य में भोजपुरी के द्वितीय राजभाषा के दर्जा देवे के निवेदन करऽ तानी। उत्तर प्रदेश सरकार कबीर भोजपुरी अकादमी गठन करे के काम पूरा करे। उहे बिहार सरकार भोजपुरी अकादमी के सुदृढ़ बनावे के सार्थक पहल करे।

भोजपुरी जन जागरण के महामंत्री अभिषेक भोजपुरिया, मुखदेव बैठा, डॉ. पुष्कर, अभियान के राष्ट्रीय समन्वयक भाई मनोज कुमार सिंह, कानूनी सलाहकार आर्यन कुमार, राष्ट्रीय संयोजक भाई राजेश भोजपुरिया, राष्ट्रीय कोषाध्यक्ष देवेंद्र कुमार, राष्ट्रीय प्रवक्ता डॉ. राणा अवधूत, प्रवीण सिंह आ स्यंदन सुमन सहित संरक्षक डॉ. गोरख प्रसाद मस्ताना, डॉ. ज्वाला प्रसाद, कृष्ण कुमार, गंगा प्रसाद अरुण, जयप्रकाश फकीर केशव भारद्वाज, धमेंद्र कुमार, हरीश कुमार व राष्ट्रीय सलाहकार श्री प्रमोद कुमार सुमन, चंदन कुमार सहित सचिव डॉ. मनोज कुमार, सीके भट्ट, संतोष यादव, शालिनी कपूर, इंद्रमोहन यादव, महिला मोर्चा के अध्यक्ष विजय लक्ष्मी, रंजू पटेल, दिल्ली प्रदेश के अध्यक्ष अमित कनौजिया, असम के अध्यक्ष भाई धमेंद्र महतो, दिल्ली विश्वविद्यालय के अध्यक्ष ओम प्रकाश, बनारस से अनिकेत रंजन, आरा से रामयश विकल सहित अनेक लोग खुशी जाहिर कइलें।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.