Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar BJP Candidate List: केंद्रीय मंत्री समेत तीन सांसदन के कटल टिकट, सब 17 सीटन पs नामन के ऐलान

275
Google Ads 300*250 for posts

बिहार खातिर बीजेपी उम्मीदवारन के लिस्ट जारी कs देलस। एह लिस्ट में तीन सांसदन के टिकट कट गइल बा। बक्सर से अश्विनी चौबे के बदले मिथलेश तिवारी, मुजफ्फरपुर से अजय निषाद के बदले राजभूषण निषाद आ सासाराम से छेदी पासवान के बदले शिवेश राम के टिकट दिहल गइल बा। 2024 के रण में बीजेपी लोकसभा के 111 सीटन पs उम्मीदवारन के नामन के ऐलान कइलस। यूपी, बिहार, गुजरात समेत कइयन राज्यन के उम्मीदवारन के नाम एमे सामिल बा। बीजेपी के ओर से ई 5वां लिस्ट जारी कइल गइल बा।

बिहार में बीजेपी से एह लोगन के मिलल टिकट

  • पश्चिम चंपारण- डॉ. संजय जयसवाल
  • पूर्वी चंपारण- राधा मोहन सिंह
  • मधुबनी- अशोक कुमार यादव
  • अररिया- प्रदीप कुमार सिंह
  • दरभंगा- गोपाल जी ठाकुर
  • मुजफ्फरपुर- राजभूषण निषाद
  • महाराजगंज- जनार्दन सिंह सिग्रीवाल
  • सारण- राजीव प्रताप रूडी
  • उजियारपुर- नित्यानंद राय
  • बेगूसराय- गिरिराज सिंह
  • पटना साहिब- रविशंकर प्रसाद
  • पाटलिपुत्र- रामकृपाल यादव
  • आरा- आरके सिंह
  • बक्सर- मिथिलेश तिवारी
  • सासाराम- शिवेश राम
  • औरंगाबाद- सुशील कुमार सिंह
  • नवादा- विवेक ठाकुर

कास्ट के बदले कास्ट के मिलल टिकट

बिहार बीजेपी के लिस्ट में बक्सर से सांसद आ केंद्रीय मंत्री अश्विनी चौबे के नाम नइखे। ओहिजा, नवादा से सीपी ठाकुर के बेटा विवेक ठाकुर के बीजेपी टिकट देले बिया। जबकि, मुजफ्फरपुर से सांसद रहल अजय निषाद पs पार्टी भरोसा नइखे कइलें, बलुक दूसर निषाद राज भूषण निषाद के उम्मीदवार बनावल गइल बा। ओहिजा, सासाराम से सांसद रहल छेदी पासवान के पत्ता साफ हो गइल। अबकी बेर पार्टी इहां से शिवेश राम के कैंडिडेट बनवले बिया। माने, कास्ट के हिसाब से देखल जावs तs पूरा लिस्ट में कवनो बदलाव नइखे कइल गइल।

774250cookie-checkBihar BJP Candidate List: केंद्रीय मंत्री समेत तीन सांसदन के कटल टिकट, सब 17 सीटन पs नामन के ऐलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.