[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election 2024 : जेडीयू के ओर से 16 उम्मीदवारन के नाम जारी, लवली आनंद के सीट फाइनल, सीवान सांसद कविता सिंह बेटिकट 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar News: अतवार के नीतीश कुमार के पार्टी जदयू आवे वाला लोकसभा चुनाव खातिर अपना 16 उम्मीदवारन के नाम जारी कइलस। राजीव रंजन (ललन) सिंह मुंगेर से आ लवली आनंद शिवहर से चुनाव लड़िहें। ओहिजा, एकरा अलावे सुनील कुमार बाल्मिकी नगर से लड़िहें। सीतामढ़ी से देवेश चंद्र ठाकुर, झांझारपुर से रामप्रीत मंडल लड़िहें चुनाव। एकरा अलावे भागलपुर से अजय कुमार मंडल चुनाव लड़िहें।

एकरा अलावा सुपौल से दिलेश्वर कामत चुनाव लड़िहें। किशनगंज से मुजाहिद आलम के टिकट दिहल गइल बा। ओहिजा, कटिहार से दुलालचंद्र गोस्वामी मैदान में उतरिहें। पूर्णिया से संतोष कुमार चुनाव लड़िहें। ओहिजा, मधेपुरा से दिनेश चंद्र यादव चुनाव लड़िहें। गोपालगंज से डॉक्टर आलोक कुमार सुमन चुनाव लड़िहें। सिवान से विजयालक्ष्मी देवी चुनाव लड़िहें।

भागलपुर से अजय कुमार मंडल के टिकट मिलले बा। ओहिज , गोपाल मंडल खाली हाथ रह गइलें। बांका से गिरिधारी यादव के टिकट मिलल बा। नालंदा से कौशलेंद्र कुमार के उतारल गइल बा। चंद्रेश्वर शाह के जहानाबाद से टिकट मिलल बा।

दुगो सीटन पs सिटिंग एमपी के टिकट कटल

जवना सीटन पs मवजूदा सांसदन के हटा दिहल गइल बा, ऊ सीट बा-सीतामढ़ी, जहां विधान परिषद के अध्यक्ष देवेश चंद्र ठाकुर जदयू के उम्मीदवार होइहें। उहां से सुनील कुमार पिंटू के टिकट काट दिहल गइल बा। सीवान से विजय लक्ष्मी कुशवाहा के पति रमेश सिंह कुशवाहा के संगे पार्टी में सामिल होखला के ठीक एक दिन बाद टिकट मिलल। सीवान से कविता सिंह 2019 में बाजी मार पहिला महिला सांसद बनल रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]