[the_ad_group id="30365"]

सारण एसपी के फर्जी अकाउंट बनावे वाला साइबर अपराधी गिरफ्तार

आरोपी सारण एसपी के फर्जी अकाउंट बनाके रुपिया के करता रहे मांग।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। सारण एसपी के नाम पs फर्जी फेसबुक अकाउंट बनके लोगन से पईसा के मांग करे वाला जुवकन के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। नवहन के गिरफ्तारी हरियाणा के मेवात से कइल गइल बा। 5 अगस्त 2024 के सारण एसपी कुमार आशीष के नाम से फर्जी अकाउंट बनाके नवहन के ओर से फर्नीचर बेचे के नाम पs लोगन से पईसा के मांग कइल गइल रहे। एकरा बाद पुलिस कार्रवाई करत जुवक के गिरफ्तार कइल बा।

जुवक के पहचान हरियाणा के मेवात जिला के फिरोजपुर झिरका थाना अंतर्गत महू गांव निवासी जाके पिता हसन खान के रूप में भइल बा। ई जानकारी साइबर डीएसपी अमन प्रेसवार्ता करत देलें बाड़ें।

आरोपी युवक एसपी कुमार आशीष के फर्जी अकाउंट से उनका म्युचुअल फ्रेंड्स के रिक्वेस्ट भेजल करत रहे। रिक्वेस्ट भेजल गइला के बाद साजिश के तहत लोगन से पईसा के मांग करत रहे। एकर शिकायत स्थानीय लोग एसपी कुमार आशीष से कइल। एकरा बाद एसपी कार्रवाई करत साइबर सेल के निर्देशित कइलस। साइबर सेल स्पेशल टीम बनाके जांच करत जुवक के हरियाणा से गिरफ्तार कइले बिया। आरोपी के पकड़े खातिर सारण पुलिस के पांच लोगन के टीम मेवात में चार दिन तक सर्च अभियान चलावल। पकड़ल गइल आरोपी अनपढ़ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]