दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ(dusu)चुनाव 2024 के नतीजा आजु, सुरू भइल मतगणना

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2024

      दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ (डीयूएसयू) चुनाव 2024 के रिजल्ट आजु यानी 25 नवंबर 2024 के घोषित कइल जाई. एकरा खातिर वोट के गिनती शुरू हो गइल बा. उत्तर परिसर के सम्मेलन कक्ष

Share

आज जारी होंई दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ चुनाव 2024 के नतीजा

 

 

 

दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ (डीयूएसयू) चुनाव 2024 के रिजल्ट आजु यानी 25 नवंबर 2024 के घोषित कइल जाई. एकरा खातिर वोट के गिनती शुरू हो गइल बा. उत्तर परिसर के सम्मेलन कक्ष में मतगणना सुरू हो गइल बा. रउरा सभे के बता दी कि साँझ में संचालित कॉलेजन के मतगणना दुपहरिया दू बजे से सुरू हो जाई. अध्यक्ष, उपाध्यक्ष, महासचिव आ संयुक्त सचिव के चारो पद खातिर होड़ लागल बा. बता दीं कि 27 सितंबर के DUSU के चुनाव भइल रहे जवना में 1.45 लाख पात्र उम्मीदवार चुनाव में भाग लिहले रहले.

बता दीं कि दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ के चुनाव लड़े वाला सगरी उम्मीदवारन से हलफनामा पs हस्ताक्षर करे के कहले रहुवे. एह हलफनामा में रिजल्ट घोषित भइला के बाद परिसरन में ढोलक, लाउडस्पीकर, पटाखा भा पर्चा के इस्तेमाल ना करे के शपथ लीहें. हलफनामा में उम्मीदवार के जीत के जश्न मनावे खातिर रोड शो भा रैली के आयोजन करे से भी रोक लगावल गईल बा। हलफनामा के मुताबिक जदी एs शर्त के पालन ना भईल तs उम्मीदवार के जीत रद्द हो सकता चाहे उनुका के चुनल पद से हटावल जा सकता। इs कदम मौजूदा चुनावी नियम के मुताबिक बा अवुरी दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ (डीयूएसयू) के चुनाव के दौरान सार्वजनिक संपत्ति के नुकसान के लेके दिल्ली हाईकोर्ट में दायर केस के बीच उठावल गईल बा।

उम्मीदवारन के अतवार ले समय मिलल रहे कि ऊ एह हलफनामा के मुख्य निर्वाचन अधिकारी का कार्यालय में जमा कर सकसु. बता दीं कि दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ DUSU के रिजल्ट मूल रूप से चुनाव के एक दिन बाद 28 सितंबर के घोषित होखे के रहे, बाकिर कोर्ट के आदेश के चलते लगभग दु महीना के देरी हो गईल। चुनाव प्रचार के दौरान परिसर में फइलल गंदगी के साफ ना होखे ले दिल्ली हाईकोर्ट रिजल्ट घोषणा पs रोक लगा देले रहे।

विश्वविद्यालय कोर्ट में स्टेटस रिपोर्ट देले रहे, बाकिर सफाई के प्रक्रिया पूरा ना होखे के चलते ओकरा में देरी भईल। पहिले 21 नवंबर के रिजल्ट घोषित होखे के रहे, बाकिर अब आज रिजल्ट जारी हो जाई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.