कृपालु महाराज के बेटी के सड़क हादसा में मउत 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2024

  उत्तर प्रदेश के वृंदावन में प्रेम मंदिर के संस्थापक कृपालु महाराज के बड़की बेटी विशाखा त्रिपाठी के सड़क दुर्घटना में मउत हो गईल। ई सड़क दुर्घटना अतवार के सबेरे यमुना एक्सप्रेसवे पs नोएडा के

Share

कृपालु महाराज के बेटी के सड़क हादसा में मउत 

 

उत्तर प्रदेश के वृंदावन में प्रेम मंदिर के संस्थापक कृपालु महाराज के बड़की बेटी विशाखा त्रिपाठी के सड़क दुर्घटना में मउत हो गईल। ई सड़क दुर्घटना अतवार के सबेरे यमुना एक्सप्रेसवे पs नोएडा के लगे भइल. एs घटना में उनुकर दुनो बहिन समेत सात गो अवुरी लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले।

पकड़े के रहे दिल्ली हवाई अड्डा से सिंगापुर खातिर फ्लाइट

कृपालु महाराज के मुख्य शिष्य आ प्रेम मंदिर के मुख्य सेवक अजय त्रिपाठी बतवले कि जगतगुरु स्वर्गीय कृपालु महाराज के तीनो बेटी सिंगापुर जाए खातिर सबेरे चार बजे दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs जात रहली। एही बीच नोएडा के रास्ता में पीछे से आवत एगो तेज टैंकर ओ लोग के गाड़ी से टकरा गईल।

7 लोग गंभीर रूप से घायल 

उs बतवले कि एs दुर्घटना में कृपालु महाराज के बेटी विशाखा त्रिपाठी (75 साल), कृष्णा त्रिपाठी अवुरी श्यामा त्रिपाठी समेत 8 लोग घाही हो गईले। उs बतवले कि विशाखा त्रिपाठी के कुछ समय में मउत हो गईल।

दिल्ली के अपोलो अस्पताल में हो रहल बा इलाज

उनुकर दुनो छोट बहिन गंभीर रूप से घाही बाड़ी। दुनु जने के दिल्ली के अपोलो अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. उs बतवले कि उनुकर हालत बहुत गंभीर बतावल जाता। बाकी घायल लोग के भी अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.