बड़ दुर्घटना के शिकार भइले ‘कांतारा चैप्टर 1’ के एक्टर्स, शूटिंग पूरा कs के लौटत घरी बस पलटल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2024

  पैन इंडिया फिल्म ‘कंतारा चैप्टर 1’ के शूटिंग कर्नाटक में हो रहल बा बाकिर आजु एह फिलिम से जुड़ल एगो दुखद खबर सामने आइल बा. एह फिलिम के बहुते कलाकार दुर्घटना के शिकार हो

Share

कांतारा

 

पैन इंडिया फिल्म ‘कंतारा चैप्टर 1’ के शूटिंग कर्नाटक में हो रहल बा बाकिर आजु एह फिलिम से जुड़ल एगो दुखद खबर सामने आइल बा. एह फिलिम के बहुते कलाकार दुर्घटना के शिकार हो गइल बाड़े. बतावल जात बा कि शूटिंग के बाद सेट से लवटत कलाकारन के बस पलट गइल. एह हादसा में बहुते जूनियर कलाकारन के गंभीर चोट लागल बा. उडुपी जिला में बस पलटला से ‘कांतारा’ के प्रीक्वेल के छह जूनियर कलाकार घवाहिल हो गइल बाड़े. एह मामिला के जानकारी सोमार के दिने पुलिस दिहलस. पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया। घाही लोग के इलाज खातीर अस्पताल पहुंचावल गईल बा।

पुलिस जानकारी दिहलस

पुलिस के मुताबिक फिल्म टीम के लेके जात मिनी बस अतवार के रात जडकल के नजदीक पलट गईल। “जडकल के मुदुर मे भईल शूटिंग पूरा कईला के बाद उलोग कोल्लूर लवटत समय भईल घटना,” कहत एगो प्रहरी अधिकारी बतवले । मिनी बस में 20 जूनियर कलाकार रहले।’ कोल्लूर पुलिस मामला के छानबीन करतिया। फिलहाल फिल्म निर्माता के ओर से कवनो आधिकारिक बयान जारी नईखे भईल। उम्मीद बा कि एह कलाकारन के व्यवहार के जिम्मेदारी प्रोडक्शन हाउस ले ली.

फिल्म से जुड़ल जानकारी

बता दीं कि ‘कांतारा’ साल 2022 में रिलीज भइल रहे. लोग के ई फिलिम बहुते नीक लागल. 16 करोड़ के बजट से बनल एह फिलिम के 207 करोड़ रुपिया के कमाई भइल. 2 घंटा 30 मिनट के ई फिलिम एगो पौराणिक लोककथा पs आधारित रहे। छायांकन, शानदार निर्देशन आ कहानी लाइन लोग के बहुते मनोरंजन कइलस. एह फिलिम के निर्देशन ऋषभ शेट्टी कइले रहलें आ ऊ एह फिलिम के लीड हीरो भी रहलें। एकर निर्माण होम्बेले फिल्म्स कइले बा। एह फिलिम के दू गो राष्ट्रीय पुरस्कार भी मिलल। अब एकर प्रीक्वेल भी आ रहल बा। एह फिलिम के लेके बहुते बवाल मचल बा. एह एलान के बाद से प्रशंसकन के उत्सुकता लागल बा. ‘कांतारा: अध्याय 1’ 2 अक्टूबर 2025 के रिलीज होई। एहमें भी ऋषभ शेट्टी मुख्य भूमिका में बाड़न.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.