Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

SP Candidates List: सपा के सातवां सूची भइल जारी, मुरादाबाद से एसटी हसन के नाम के एलान; बिजनौर में बदलल प्रत्याशी

222

समाजवादी पार्टी अतवार के आवे वाला लोकसभा चुनाव के  धेयान में राखत उम्मीदवारन के सातवां सूची जारी कs देलस। पार्टी अबकी बेर दु उम्मीदवारन के एलान कइले बिया। मुरादाबाद से एसटी हसन आ बिजनौर से दीपक सैनी के टिकट दिहल गइल बा। हालांकि, बिजनौर लोकसभा सीट पs पार्टी पहिले पूर्व सांसद यशवीर सिंह धोबी के टिकट देले रहे। इहां से उनकर टिकट काटके दीपक सैनी पs भरोसा जतावल गइल बा। एह तरे सपा अब तक 50 सीटन पs उम्मीदवारन के एलान कs चुकल बिया।

बिजनौर में बदलल प्रत्याशी

बिजनौर लोकसभा सीट पs सपा अपना टिकट में बदलाव कs लेले बिया। यशवीर सिंह धोबी के टिकट काटके नूरपुर सपा विधायक रामअवतार सैनी के बेटा दीपक सैनी के प्रत्याशी बनावल गइल बा। पिछला कइयन दिनन से एह सीट पs बदलाव के चर्चा चलत रहे। अब मुख्य बड़ पार्टी से देखल जाव तs रालोद से चंदन चौहान, बसपा से चौधरी विजेंद्र सिंह आ सपा से दीपक सैनी चुनावी रण में सामिल हो चुकल बा लो।

मुरादाबाद के टिकट खातिर भइल फाइट

मुरादाबाद लोकसभा से सपा के टिकट हासिल करे खातिर कांठ के विधायक कमाल अख्तर, देहात विधायक नासिर कुरैशी सहित आउर लोग बहुते जोर आजमाइश कइल। एह बीच सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव राय मशविरा के बाद सीतापुर जेल में बंद पार्टी के वरिष्ठ नेता आजम खां से मिले गइलें। पार्टी के लोगन के कहनाम रहे कि आजम खां से मिलला के बाद रामपुर आ मुरादाबाद के टिकट पक्का हो जाई। अइसने भइल। सांसद डॉ. एसटी हसन लखनऊ इस्थित पार्टी मुख्यालय गइलें तs अखिलेश यादव कहलें कि उनकर टिकट पक्का हो गइल बा।

पहिला सूची में एह लोगन के बनावल गइल उम्मीदवार 

  • संभल से शफीकुर्रहमान बर्क
  • फिरोजाबाद से अक्षय यादव
  • मैनपुरी से डिम्पल यादव
  • एटा से देवेश शाक्य
  • खीरी से उत्कर्ष वर्मा
  • धौरहरा से आनन्द भदौरिया
  • उन्नाव से अनु टंडन
  • लखनऊ से रविदास मेहरोत्रा
  • फर्रुखाबाद से डॉ. नवल किशोर शाक्य
  • अकबरपुर से राजाराम पाल
  • बांदा से शिवशंकर सिंह पटेल
  • फैजाबाद से अवधेश प्रसाद
  • अम्बेडकर नगर से लालजी वर्मा
  • बस्ती से रामप्रसाद चौधरी
  • गोरखपुर से काजल निषाद

दूसरका सूची में एह लोगन के बनावल गइल उम्मीदवार 

  • मुज्जफनगर से हरेंद्र मिलक
  • आंवला से नीरज मौर्य
  • शाहजहांपुर से राजेश कश्यप
  • हरदोई से उषा वर्मा
  • मिश्रिख से रामपाल राजवंशी
  • मोहनलालगंज से आरके चौधरी
  • प्रतापगढ़ से डॉ. एसपी सिंह पटेल
  • बहराइच से रमेश गौतम
  • गोंडा से श्रेया वर्मा
  • गाजीपुर से अफजाल अंसारी
  • चंदौली से वीरेंद्र सिंह

तिसरका सूची में एह लोगन के बनावल गइल उम्मीदवार 

  • कैराना से इकरा हसन
  • बदायूं से शिवपाल यादव
  • हमीरपुर से अजेंद्र सिंह राजपूत
  • वाराणसी से सुरेंद्र सिंह पटेल
  • बरेली से प्रवीण सिंह ऐरन

चउथा सूची में एह लोगन के बनावल गइल  उम्मीदवार 

  • बिजनौर (6) – दीपक सैनी
  • मेरठ (10) – भानु प्रताप सिंह (एडवोकेट)
  • नगीना (5) – मनोज कुमार (Ex. ADJ)
  • लालगंज (68) – दरोगा सरोज
  • अलीगढ़ (15) – बिजेंद्र सिंह
  • हाथरस (16) – जसवीर बाल्मिक

पांचवां सूची में एह लोगन के बनावल गइल उम्मीदवार 

  • आजमगढ़ से धर्मेंद्र यादव
  • इटावा से जितेंद्र दोहरे
  • गौतमबुद्धनगर से महेंद्र नागर
  • सुलतानपुर से भीम निषाद
  • श्रिक से मनोज कुमार राजवंशी
  • जालौन से नारायण दास आहिरवार

छठा सूची में एह लोगन के बनावल गइल  उम्मीदवार 

  • संभल से जियाउर्रहमान बर्क,
  • बागपत से मनोज चौधरी
  • गौतम बुद्ध नगर से राहुव अवाना
  • पीलीभीत से भगवत सरन गंगवार
  • घोसी से राजीव राय
  • मिर्जापुर से राजेंद्र एस बिंद

सातवां सूची

  • मुरादाबाद से एसटी हसन
774200cookie-checkSP Candidates List: सपा के सातवां सूची भइल जारी, मुरादाबाद से एसटी हसन के नाम के एलान; बिजनौर में बदलल प्रत्याशी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.