साँझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: बिहार में बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा के परिणाम जारी, 87.61 प्रतिशत सफल, प्रदेश स्तर पुरुष वर्ग में जयशंकर कुमार (97 अंक) आ महिला वर्ग में रुपाली कुमारी (93 अंक) रहल लो अव्वल।
  2. बिहार: फुलवारी के आतंक- ताहिर अब उगली राज, पटना पुलिस के मिलल रिमांड, ATS आ NIA करी पुछताछ।
  3. उत्तर प्रदेश: लुलु मॉल लखनऊ विवाद- शुद्धिकरण खातिर लुलु मॉल पहुंचल अयोध्या के जगद्गुरु परमहंस दास के पुलिस हिरासत में लेलस।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम के निरदेस पs हटावल गइली आलमबाग बस अड्डा के केंद्र प्रभारी, यात्री से मारपीट के वीडियो भइल रहे वायरल।
  5. झारखंड: स्वतंत्रत पत्रकार रूपेश सिंह के माओवादियन से संबंध रखला के आरोप में कइल गइल गिरफ्तार। उनकर गिरफ्तारी सरायकेला खरसांवा जिला के कांड्रा थाना में नवंबर 2021 में दर्ज एगो पुरान ममिला में कइल गइल बा।
  6. आतंकियन के निशाना पs पीएम मोदी: वॉयस ऑफ खुरासन के निशाना पs बिहार के बीजेपी नेता, गृह मंत्रालय कइलस अलर्ट।
  7. हरियाणा में खनन माफिया DSP पs डंपर चढ़वलस: घटना के 4 घण्टा के भीतर एनकाउंटर में घायल एगो आरोपी गिरफ्तार, दुसरको घेराइल।
  8. नूपुर शर्मा के हत्या करे पाकिस्तान से आइल घुसपैठिया: श्रीगंगानगर बॉर्डर पs BSF पकड़लस, 11 इंच लमहर चाकू आ मैप मिलल।
  9. उपहार अग्निकांड में अंसल भाइयन के कोर्ट से बड़ राहत, दुनों के रिहाई के आदेश।
  10. गवास्कर बोलले- 20 मिनट में लवटा देब कोहली के फॉर्म: कहले- ऑफ स्टाम्प से बहरी निकलत गेंदन पs आउट होखे के समस्यों दूर कs देब।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-