Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

557
  1. बिहार: एगो समाज बा… जवन 12 बच्चा पैदा करेला; बढ़त जनसंख्या पs गिरिराज सिंह बोललें- एहपर कानून ना बनल तs बड़ समस्या होई। बढ़त आबादी के भारत के होलिस्टक विकास खातिर खतरा बतवलें।
  2. बिहार: ट्रैक पs सुतल जुवक… 60 के स्पीड में आइल ट्रेन; सुपौल में 25 मीटर पहिले लगवलस इमरजेंसी ब्रेक, ड्राइवर बोलल- तनिका देर होइत तs मर जाइत।
  3. उत्तर प्रदेश: दोहरावल गइल अतीक-अशरफ के हत्या के सीन, शूटर बरसवलें सs ताबड़तोड़ गोली, घटना के सीन रीक्रिएट करवलस एसएफएल टीम।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में कोरोना से 24 घंटा में 5 मौत; 840 नया मरीज मिलले, 19 दिन में 8537 संक्रमित, लखनऊ में सबसे जादा केस।
  5. झारखंड: रांची में वाटर टैंक फैक्ट्री में आग, लाखन के नुकसान; आग लगला से भइल लाखन के नुकसान, फायर ब्रिगेड आग पs काबू पवलस। कंपनी के लाखन के नुकसान।
  6. गुजरात में नरोदा दंगा के सब 86 आरोपी बरी; बाबू बजरंगी-माया कोडनानी पs रहे इल्जाम, 11 लोगन के भइल रहे हत्या, 21 साल बाद फैसला। गोधरा कांड के अगिला दिने भइल रहे नरोदा में दंगा।
  7. जम्मू-कश्मीर के पूंछ में आर्मी ट्रक में आग लागल: 5 जवानन के मौत; सेना जांच करी कि ई हादसा हs की ग्रेनेड हमला।
  8. मानहानी केस- दोषी ठहरावल गइला के खिलाफ राहुल गांधी के याचिका खारिज: जज एक शब्द में कहलें- डिसमिस्ड; अब हाईकोर्ट में अपील करिहें राहुल।
  9. यूक्रेन के समय पs हथियार नइखे दे पा रहल अमेरिका: US के कंपनियन के रॉकेट मोटर बनावे में परेसानी, 17 हजार करोड़ के बा कॉन्ट्रैक्ट।
  10. आईपीएल में आज दु गो मुकाबला: पहिला मुकाबला RCB आ PBKS के बीच में, RCB देलस 175 रन के टारगेट, दुसरका मुकाबला दिल्ली आ कोलकाता में, दिल्ली के कोसिस सीजन में पहिला जीत हासिल करे के होई।
523170cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.