Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

651
  1. बिहार: राज्य सरकार के बिना अनुमति ED-CBI बिहार ना आवे: पूर्व कृषि मंत्री सुधाकर सिंह विधानसभा में ले अइहें प्राइवेट बिल, कहलें सीएम नीतीश देस साथ।
  2. बिहार: जमुई में महिला के किस करे वाला मोहम्मद अकरम गिरफ्तार; दिन में महिला लोगन से करत रहे छेड़खानी, रात में संघतियन संगे चोरी; किस करत घरी के आइल रहे वीडियो।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में बाथरुम के शावर से लटकल मिलल महिला; ऑस्ट्रेलिया से आरोग्य मंदिर में इलाज करावे आइल रहली महिला, परिजन बिना पोस्टमार्टम नेपाल ले गइलें शव। डिप्रेशन के चलत रहे पार्कृतिक इलाज।
  4. उत्तर प्रदेश: उमेश पाल हत्याकांड: असद के तलाश में आगरा में छापेमारी; STF कौरई टॉल प्लाजा के लगे चार संदिग्धन के पकड़लस।
  5. झारखंड: पांच लाख के ईनामी नक्सली दशरथ उरांव कइलस सरेंडर; 59 आपराधिक ममिला दर्ज, 19 साल तक कइयन गो नक्सल गतिविधियन में रहल बा सामिल, अब कइल चाहत बा समाज सेवा।
  6. जयपुर में डाक्टरन के पुलिस पिटलस, कपड़ा फड़लस: राइट टू हेल्थ बिल के खिलाफ विधानसभा घेरे जात रहे लो, रास्ता में रोकल गइल। 2400 से बेसी प्राइवेट हॉस्पिटल वाला एह आंदोलन में सामिल।
  7. कांग्रेस प्रवक्ता पवन खेड़ा के तीनो केस लखनऊ ट्रांसफर: सुप्रीम कोर्ट 10 अप्रिल तक गिरफ्तारी से राहत देलस; PM के खिलाफ टिपण्णी के ममिला।
  8. राहुल बोलले- कर्नाटक में 40% कमीशन वाली सरकार: देस खाली अडानी के ना; सरकार अइला पs हर ग्रेजुएट के 3 हजार रुपिया महीना दिहल जाई।
  9. लंदन के बाद US में इंडियन कॉन्स्टयूलेट पs हमला: खालिस्तान के झंडा लगावल गइल; दिल्ली में सिखन के खलिस्तानियन के खिलाफ प्रदर्शन।
  10. मुंबई इंडियंस मेजर लीग क्रिकेट में न्यूयार्क के फ्रेंचाईजी किनलस: संगही टर्नामेंट में DC, KKR आ CSK के टीम, ई मुंबई के 5 वां फेंचाईजी।
485940cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.