Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

755
  1. बिहार: बाबा बागेश्वर धाम पs भडकलें नीतीश: हिंदू राष्ट्र वाला बयान पs कहलें- ई लोग देस के नष्ट कइल चाहत बा।
  2. बिहार: पटना में बाल-बाल बचलें डिप्टी सीएम तेजस्वी; बापू सभागार में RJD कार्यकर्ता लोगन के हंगामा…कांच के दरवाजा टुटल, कइयन लोग के लागल चोट।
  3. उत्तर प्रदेश: बांदा में सीएम योगी आदित्यनाथ बोललें- नया पीढ़ी खातिर प्रेरणादायी बनी महाराना प्रताप के प्रतिमा। महापुरुषन के आदर्शन के प्रेरणादायक बतवलें।
  4. उत्तर प्रदेश: हाईकोर्ट प्राइमरी शिक्षक अंतर्जनपदीय स्थानंतरण पs सचिव बेसिक शिक्षा परिषद से जानकारी मंगलस। दस दिन में देवे के होई जानकारी।
  5. झारखंड: पलामू हिंसा; पांकी में ना निकली शिव बारात, तीसरको दिन 144 लागू, ड्रोन से राखल जा रहल बा निगरानी।
  6. सुपरसोनिक विमान पs फेर लवटलें हनुमान जी: HAL दु दिन पहिले हटवले रहे; बेंगलुरु में एयर शो में देखावल गइल रहे। हनुमान जी के फोटो के संगे लिखल रहे-तूफान आ रहल बा।
  7. दिल्ली मेयर चुनाव… SC के AAP के पक्ष में फैसला: कहलस- नॉमिनेटेड मेंबर्स के वोटिंग के हक नइखे, केजरीवाल बोललें- ई जनतंत्र के जीत।
  8. अडानी-हिंडनबर्ग ममिला में केंद्र के सुझाव नामंजूर: सुप्रीम कोर्ट बोलल- पारदर्शिता चाहत बा, सरकार कमेटी मेमर्स के नाम लिफाफा में देवल चाहत रहे।
  9. आईपीएल 2023 के शेड्यूल जारी: गुजरात-चेन्नई के बीच 31 मार्च के पहिला मुकाबला, 28 मई के होई फाइनल।
  10. दिल्ली टेस्ट में 263 रन पs सिमटल कंगारूअन के पहिला पारी: ख्वाजा-हैंड्सकॉम्ब के अर्धशतक, शमी के सबसे जादे 4 विकेट; भारत 21/0।
464210cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.