[the_ad_group id="30365"]

11 सितंबर 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 11/09/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथिअमावस्या

दिन के 08 बजके 56 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- सुक।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 01 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।

साध्य जोग

सांझ के 05 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद शुभ जोग।

नाग करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 12/09/2026

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 07 बजके 46 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 12 बजके 55 मिनट ले।

शुभ जोग

दिन के 03 बजके 08 मिनट ले।

बव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन कामकाज में नया मवका मिल सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के मेहनत के बढ़िया परिणाम मिली। धन के ममिला में सावधानी रखीं। परिवार में खुसी के माहौल रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज कारोबार में फायदा हो सकेला। रुकल काम पूरा होई। घर-परिवार के लोगन के सहजोग मिली। बेवजह के खरचा से बचल ठीक रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। संघतिया के मदद से कवनो जरूरी काम पूरा होई। स्वास्थ्य के प्रति लापरवाही मत करीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन तनिका उतार-चढ़ाव वाला हो सकेला। काम के दबाव बढ़ी, बाकिर मेहनत के फल जरूर मिली। आर्थिक फैसला सोच-समझ के लीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज करिअर में आगे बढ़े के मवका मिली। अधिकारी लोग राउर काम से प्रभावित हो सकेला। निवेश करे से पहिले पूरा जानकारी जरूर ले लीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला। परिवार में कवनो सुभ खबर मिली। नौकरी में बदलाव के सोचत बानी तs समय अनुकूल हो सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज बेयपार करे वाला लोगन खातिर दिन बढ़िया रही। आमदनी के नया रास्ता खुल सकेला। प्रेम संबंध में मधुरता बढ़ी। खरचा पs नियंत्रण रखीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। कार्यस्थल पs राउर प्रशंसा हो सकेला। परिवार के संगे समय बितावे से मन खुस रही। सेहत सामान्य रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बन सकेला। नौकरी में नया अवसर मिल सकेला। धन के आवक बढ़े के संभावना बा। कवनो महत्वपूर्ण फैसला जल्दबाजी में मत लीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज कामकाज में व्यस्तता बढ़ी। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। परिवार के कवनो सदस्य से मतभेद हो सकेला, बातचीत से ममिला सुलझाईं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिली। नौकरी-कारोबार में नया अवसर सामने आ सकेला। पुरान संघतिया से मुलाकात मन खुस कs दी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रुकल काम पूरा होखे के संभावना बा। आर्थिक फायदा मिल सकेला। परिवार में शांति रही। स्वास्थ्य बढ़िया रखे खातिर खानपान पs धेयान दीं।

Read Also: Cricket : ऑस्ट्रेलिया-ए के खिलाफ घरेलू सीरीज खातिर भारत-ए टीम घोषित, ऋतुराज-पडिक्कल बनलें कप्तान, हार्दिक पांड्या के वापसी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]