Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Pakistan: पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री पs लटकल गिरफ्तारी के तलवार, लाहौर पुलिस पहुंचल इमरान खान के घरे

पिछला साल प्रतिबंधित फंडिंग ममिला में चुनाव आयोग इमरान खान के आयोग्य घोषित कई देले रहे

715

पिछला साल प्रतिबंधित फंडिंग ममिला में चुनाव आयोग इमरान खान के आयोग्य घोषित कई देले रहे। एकरा बाद तहरीक-ए-इंसाफ के कार्यकर्ता लोग समूचा देश में चुनाव आयोग के दफ्तरन के बहरी विरोध प्रदर्शन कइले रहे। एह ममिला में बीते साल अक्तूबर में पुलिस आतंकवाद विरोधी कानूनन के तहत एगो मामला दर्ज कईके जांच शुरू कइले रहे। एही मामला में इमरान खान के अंतरिम जमानत  दिहल गईल रहे।

पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान पs गिरफ्तारी के तलवार लटकल बा। पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान के पुलिस गिरफ्तार कर सकत बिया । बतावल जा रहल बा कि लाहौर पुलिस इमरान के गिरफ्तार करे खातिर  उनका आवास पs पहुंच गईल बिया। इमरान के समर्थक लोग  उनका आवास के घेरले बाड़े।  हंगामा के आसार बनल बा।

एह से पहिले चुनाव आयोग के दफ्तर के सोझा भइल प्रदर्शन मामला  में कोर्ट  बुधवार के उनकी अंतरिम जमानत याचिका के खारिज कई देले रहे। पाकिस्तान के एगो आतंकवाद निरोधी अदालत एह से संबंधित मामला के सुनवाई में शामिल ना होखला पs इमरान खान के याचिका के खारिज कई देले रहे।

कोर्ट के जज राजा जवाद अब्बास  संबंधित मामला के सुनवाई करत  कहलें रहले कि मेडिकल के आधार पs इमरान खान के अदालत में पेश होखे खातिर भरपूर समय दिहल गईल रहे, बाकिर उ अइसन करे में एकदम नाकाम रहले । हालांकि, इमरान खान के वकील बाबर अयान कहलें कि इमरान खान पिछला साल उनका पs भईल हमला से अभी ले उबर नईखन पवले आ उनका के कोर्ट में पेश होखे खातिर एगो  अंतिम मवका देबे के चाहीं। एकरा बाद कोर्ट उनकर याचिका के खारिज करतs टिप्पणी कइलस कि अदालत एगो आम आदमी के एह तरे राहत नइखे दे सकत , अइसना में इमरान खान जईसन शक्तिशाली आदमी के भी राहत नइखे दिहल जा सकतs ।

व्यक्तिगत रूप से पेश होखे के दिहल गइल रहे आदेश 

पिछला सुनवाई में अदालत  इमरान खान के ओर से वर्चुअल सुनवाई के अनुरोध को खारिज कई देले रहे। कोर्ट इमरान खान के 15 फरवरी के व्यक्तिगत रूप से पेश होखे खातिर कहले रहे। हालांकि, इमरान खान अदालत के सोझा पेश ना भइलें।

 

अयोग्य घोषित  कईला के बाद भईल रहे  हंगामा आ प्रदर्शन 

पिछला साल प्रतिबंधित फंडिंग ममिला में चुनाव आयोग इमरान खान के आयोग्य घोषित कई देले रहे। एकरा बाद तहरीक-ए-इंसाफ के कार्यकर्ता लोग समूचा देश में चुनाव आयोग के दफ्तरन के बहरी विरोध प्रदर्शन कइले रहे। एह ममिला में बीते साल अक्तूबर में पुलिस आतंकवाद विरोधी कानूनन के तहत एगो मामला दर्ज कईके जांच शुरू कइले रहे। एही मामला में इमरान खान के अंतरिम जमानत दीहल गईल रहे।

463570cookie-checkPakistan: पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री पs लटकल गिरफ्तारी के तलवार, लाहौर पुलिस पहुंचल इमरान खान के घरे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.