Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IATA: घरेलू हवाई यात्रा में लवटल कोरोना से पहिले वाला चमक ,राजस्व में जबरदस्त बढ़ोतरी, ट्रैफिक में 39.7% के वृद्धि

भारतीय घरेलू हवाई यात्रा में कोरोना से पहिले वाला रौनक फेरु से लवट आईल बा आ 2019 के स्तर 85.7 प्रतिशत के एक हाली फेरु से छू लेले बा ।

445

इंटरनेशनल एयर ट्रांसपोर्ट एसोसिएशन (IATA) के अनुसार, भारतीय घरेलू हवाई यात्रा में कोरोना से पहिले वाली रौनक फेरु से लवट आईल बा। IATA के मुताबिक साल 2022 में राजस्व से लेके ट्रैफिक तक में जबरदस्त इजाफा देखे के मिलल  बा आ ई 2019 के स्तर के 85.7 प्रतिशत के एक हाली फेरु से छू गईल। दरअसल, IATA एही  महीना के शुरुआत में रिपोर्ट जारी करत कहले रहे कि हवाई यात्रा में सुधार दिसंबर 2022 में भी लगातार जारी रहल  आ 2021 के  तुलना में पूरा साल  के प्रदर्शन उच्च स्तर पs रहल।

भारतीय एयरलाइंस के राजस्व में भईल बढ़ोतरी

IATA के मुताबिक भारत के घरेलू राजस्व यात्री किलोमीटर (RPK) 2021 के तुलना में  2022 में 48.8 प्रतिशत जादा हो गईल । बिसेष रूप से  दिसंबर 2022 में हवाई यातायात लगभग दिसंबर 2019 के निशान के बराबर देखल गइल, जवन कि  मात्र 3.6 प्रतिशत कम रहे । 2022 में, भारतीय घरेलू उपलब्ध सीट प्रति किलोमीटर एक साल पहिले के तुलना में 30.1 प्रतिशत तक बढ़ गईल।

अउरी एसिआई देशन में का रहल हाल?

अगर बात अउरी एशिया प्रशांत घरेलू बाजार के कईल जाए त s ,ओकरा खातिर  राजस्व यात्री किलोमीटर (RPK) द्वारा नापल गइल घरेलू ट्रैफिक में जापान में 2021 के तुलना में 75.9 प्रतिशत के बढ़ोतरी भईल आ  2019 के स्तर  74.1 प्रतिशत तक पहुंचल ।  ओहिजे  2022 में चीन के राजस्व में गिरावट देखे  के मिलल। चीन के RPK आ ASK 2021 के  तुलना में क्रमशः 39.8 प्रतिशत आ  35.2 प्रतिशत गिर गईल।

ट्रैफिक में वैश्विक स्तर पs  इजाफा

विश्व स्तर पs  2022 में कुल यात्री यातायात (घरेलू प्लस अंतर्राष्ट्रीय) एक साल पहिले के तुलना में 64.4 प्रतिशत बढ़ गईल , जवना में  पूर्व-महामारी के स्तर के 68.5 प्रतिशत पs पूरा साल के वैश्विक यात्री यातायात रहे । दिसंबर 2022 में कुल ट्रैफिक 2021 के एही महीना के  तुलना में 39.7 प्रतिशत बढ़ के  दिसंबर 2019 के स्तर के 76.9 प्रतिशत पs पहुंच गईल।
465130cookie-checkIATA: घरेलू हवाई यात्रा में लवटल कोरोना से पहिले वाला चमक ,राजस्व में जबरदस्त बढ़ोतरी, ट्रैफिक में 39.7% के वृद्धि

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.