साँझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: समस्तीपुर में 12 मिनट में 1 करोड़ के लूट; कस्टमर बनके पहुंचल एगो लईकी-3गो लईका, पीछे से हथियार ले के अइलें सs 4 गो आउर, गहना लूट के भगले सs। लूट में रहे लईकी सामिल। अपराधियन के धरे खातिर छापेमारी जारी बा- डीएसपी।
  2. बिहार: नालंदा में सिविल सर्जन बोललें- ड्यूटी नइखे करे के… तs प्लीज गो होम; सदर अस्पताल के इमरजेंसी से डॉक्टर के गायब रहला पs भड़कलें, कहलें- केहू केतना बर्दाश्त करी। आइल दिने मिलत बा डॉक्टर लोग के गायब रहला के शिकायत।
  3. उत्तर प्रदेश: लखीमपुर खीरी हिंसा ममिला में आशीष मिश्रा सहित 14 आरोपियन पर आरोप तय। 3 अक्टूबर 2021 के लखीमपुर खीरी में कृषि कानून के विरोध करत घरी 4 किसानन के कार से कुचल के हत्या कs दिहल गइल रहे।
  4. उत्तर प्रदेश: बरेली में काल्ह सवा दु घंटा रहिहें सीएम योगी, 1458 करोड़ से बेसी के परियोजन के करिहें शिलान्यास आ लोकार्पण।
  5. झारखंड: चतरा के कुंदा में नक्सलियन के तांडव, सड़क निर्माण कार्य में लागल 2 जेसीबी आग के हवाले। जेसीबी के ड्राइवर के संगे मारपीटो भइल।
  6. 33 हफ्ता के प्रेग्नेंसी टर्मिनेशन खातिर दिल्ली HC कोर्ट राजी: डॉक्टर कहले रहे लोग -लईका विकलांग होई, कोर्ट बोलल मां के फैसला आखिरी। कोर्ट 26 साल के पूजा नाम के महिला के 33 हफ्ता के प्रेग्नेंसी खतम कइला के परमिशन दे देले बा।
  7. श्रद्धा के मारला के बाद आफताब देखलस जानी- अंबर ट्रायल: पुलिस के शक- पूछताछ में गुमराह कइल एहिजा से सिखलस। पुलिस के बतवलस आफताब- 4 महीना तक फ्रिज में रखलस श्रद्धा के टुकड़ा।
  8. गोल्डी बरार के दावा से कटघरा में पंजाब सरकार: मूसेवाला मर्डर के मास्टरमाइंड बोलल- केहू के हिरासत में नइखी। CM भगवंत मान के दावा पs सवाल। CM खुद गुजरात प्रचार के दौरान कइले रहस गोल्डी बरार के गिरफ्तारी के दावा।
  9. पाक पs दिवालिया होखे के खतरा: IMF 1.2 अरब डॉलर के किश्त रोकलस, शाहबाज सरकार पर शर्तन के पूरा करे के दबाव। IMF के शर्तन के पूरा नइखे कर रहल पाकिस्तान।
  10. 2022 में इंडिया पs भारी पड़ल 6 गो शिकस्त: टी-20 वर्ल्ड कप आ एशिया कप से बाहर भइल, बांग्लादेश हरवलस। 2022 में बेर-बेर मिलल चुभे वाला हार।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-