Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नोरा फतेही से भी निम्मन डांस करेले ई भैंस, वीडियो में देखीं मजेदार ठुमका

2,154

डांस एगो अइसन टैलेंट ह, जौन होला त सबके लेकिन बहुते कम लोग सार्वजनिक करेने। जइसे बाथरूम सिंगर होलें, ओइसही कई लोग ‘अलोन डांसर’ होलें। कहले के मतलब ई बा कि कई लोग अइसन बानें जेके डांस त पसंद बा लेकिन दूसरा के सोझे उनके शर्म
आवsला।

सभी जानsता कि सोशल मीडिया पर हर दिन कुछ न कुछ वायरल होत रहsला। हाल ही में एगो भइस के ठुमका के अइसन वीडियो वायरल हो रहल बा, जेके लोग नोरा फतेही से कंपेयर कs रहल बा।

का बा एह वायरल वीडियो में

https://www.instagram.com/reel/CinHtEBp9cM/?igshid=YmMyMTA2M2Y=

दरअसल, वायरल वीडियो में एगो महिला अपने हाता में बान्हल भइस के चारा खियवले खातिर जाली। तब्बे महिला के मस्ती सूझsला अउरी ऊ भैंस के नाचे के कहतड़ी। पहिले भइस अनसुना करेले लेकिन जब महिला नाचल शुरू करेली त उनकर भइस भी कूदे लागेले। महिला जेतना बेर नाचे के कहsतड़ी, भैंस ओतना बेर नाचे लागsतिया। वायरल वीडियो में बचवन के हंसी साफ बता रहल बा कि उ भैंस के डांस के देख के काफी मजा ले रहल बानें।

बता देईं कि ई वीडियो वीडियो नेश डॉट टेब नाम के इंस्टाग्राम अकाउंट पर शेयर कइल गइल बा। भइस के डांस के ई वीडियो लोग के खूब पसंद आ रहल बा अउर लोग मजेदार कमेंट क रहल बानें। बता देईं कि कुछ लोग भैंस के डांस के नोरा फतेही से तुलना क रहल बानें।

343730cookie-checkनोरा फतेही से भी निम्मन डांस करेले ई भैंस, वीडियो में देखीं मजेदार ठुमका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.