Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाराजगंज महोत्सव: आजु  तीन दिवसीय महराजगंज महोत्सव के होई आगाज, बड़ हस्तियन के लागी मेला

1,851
महराजगंज के जवाहर लाल नेहरू स्मारक पीजी कॉलेज खेल के मैदान में तीन दिवसीय महराजगंज महोत्सव के आजु आगाज। कार्यक्रम में स्कूली बच्चे अपना प्रस्तुति से कला अउरी संस्कृति के छटा बिखेरिहें, त स्टाल पर बिक रहल उत्पाद आयोजन के रौनक के बढ़इहें। पहले दिन के कार्यक्रम के मुख्य आकर्षण कवि डॉ. कुमार विश्वास होइहे। श्रोता उनकर प्रसिद्ध कविता कोई दीवना कहता है, कोई पागल समझता है… के सुन सकिहें।

कार्यक्रम के शुभारंभ शुक्रवार दोपहर 12:15 बजे केंद्रीय वित्त राज्यमंत्री पंकज चौधरी, गोरखपुर के सांसद रवि किशन अउरी विधायकन के उपस्थिति में होई। एह दौरान मलवरी कान्वेंट स्कूल के लइकन से गणेश वंदना करावल जाई। आरपीआईसी कॉलेज के लइकन के ओर से सरस्वती वंदना प्रस्तुत कइल जाई।

जिलाधिकारी, मुख्य विकास अधिकारी अउरी अपर जिलाधिकारी अतिथियों के स्वागत करिहें। जेके मांटेसरी स्कूल के बच्चों के ओर से राजस्थानी नृत्य अउरी सेंट जोसेफ स्कूल के लइकन के ओर से समूह नृत्य प्रस्तुत कइल जाई। एकरे बाद अतिथियन के ओर से कार्यक्रम के संबोधित कइल जाई।

पहिले दिन होखे वाले कार्यक्रम

  • सुबह 10 से 12 बजे तक मुख्य मंच के बाईं ओर रंगोली प्रतियोगिता होई।
  • दोपहर 12:30 से छह बजे तक विज्ञान प्रदर्शनी का आयोजन होई।
  • दोपहर 2:15 बजे से 4:30 बजे तक अंतर विद्यालयीय सांस्कृतिक प्रतियोगिता होई।
  • तीन से साढ़े चार बजे तक स्कूली बच्चों का सांस्कृतिक कार्यक्रम (एकल प्रस्तुति) होई।
  • साढ़े चार से पांच बजे तक महराजगंज के इतिहास पर गोष्ठी के आयोजन कइल जाई।
  • पांच बजे से छह बजे तक प्रेमचंद्र की कहानी कफन के मंचन करी पंकज मौर्या के टीम
  • छह से आठ बजे तक भक्तिमय गीतों पर अमित अंजन दीहे आपन प्रस्तुति
  • रात आठ से 12 बजे तक कवि कुमार विश्वास दीहें आपन प्रस्तुती।

अपर जिलाधिकारी के देखरेख में जारी बा तैयारी

जिलाधिकारी डॉ. पंकज कुमार वर्मा कार्यक्रम स्थल पर मौजूद रह के पंडाल, मंच के निर्माण, बैरिकेडिंग के साथ दर्शकों के बइठे के व्यवस्था के दुरुस्त करवलें। स्टालन के निर्माण पूरा करावल गइल बा। उ कहलें कि प्रशासन के मंशा बा कि आयोजन भव्य होखे अउरी लंबे समय ले याद कइल जाव।

346230cookie-checkमहाराजगंज महोत्सव: आजु  तीन दिवसीय महराजगंज महोत्सव के होई आगाज, बड़ हस्तियन के लागी मेला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.