Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डॉक्टर के चूना लगवलस मरीज, फीस के नाम पs देलस 500 के जाली नोट

114

 

अबे कुछ समय पहिले आरबीआई 2000 रुपिया के नोट बंद करे के एलान कईले रहे, ओकरा बाद 500 अवुरी 200 रुपया के नोट बाजार में जादे चले लागल बा, लेकिन आजकाल नकली नोट के कारोबार भी चरम पs बा । अब बेचारा डाक्टर भी एकरा चपेट आ गईले। हँ, हालही में ऑर्थोपेडिक डाक्टर मनन वोहरा अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs एगो पोस्ट शेयर कइलन आ बतवले कि कइसे मरीज के फीस देबे के नाम पs उनुका के धोखा दिहल गइल आ 500 के फर्जी नोट पकड़वलस।

आर्थोपेडिक डॉक्टर मनन वोहरा हाल ही में लॉन्च भईल मेटा के नयका ऐप थ्रेड्स पs एगो फोटो शेयर कईले, जवना में ₹ 500 के नोट देखाई देता, लेकिन जब आप ए नोट के ध्यान से देखब त ओकरा पs लिखल बा कि, इ खाली स्कूल के प्रोजेक्ट खातीर बा । एह फोटो के शेयर करत डॉक्टर लिखले कि, असल में एगो मरीज ए नोट के इस्तेमाल क के फीस के भुगतान कईले रहे। हमार रिसेप्शनिस्ट एकरा के देख लिहल। बाकिर ई बस इहे देखावे खातिर बा कि लोग कतना दूर ले जा सकेला। भले एकरा खातिर डाक्टर के धोखा देबे के पड़े।

 

 

 

 

 

593850cookie-checkडॉक्टर के चूना लगवलस मरीज, फीस के नाम पs देलस 500 के जाली नोट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.