[the_ad_group id="30365"]

Varanasi Weather Update: आधा रात के बदलल बनारस के मवसम, झमझामात बारिश से तापमान में भईल कमी, IMD के अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सोमार रात 12 बजे से शुरू भइल बारिश मंगर भोर में 4 बजे ले बारिश होते रहल। एकरा बाद बारिश त ना भइल लेकिन बादलन के आवाजाही जारी बा। मवसम विभाग के अनुसार मंगर के बारिश के संभावना बनल बा।

दिन में तेज धूप से उमस अउर रात में बारिश रहल। दु दिन से एह तरह के मवसम बनल बा। सोमार आधा रात से शुरू बारिश मंगर के भोर में सुबह चार बजे ले होत रहे , मवसम एक बेर फेरू बदल गइल। एह से लोगन के उमस से त राहत मिलल बा लेकिन कइयन जगहन पs जलभराव के समस्या हो गइल बा।

एकरी  बाद बारिश त ना भइल लेकिन बादलन के आवाजाही जारी बा। मवसम विभाग के अनुसार मंगर  के बारिश के संभावना बनल बा। बीएचयू के मवसम वैज्ञानिक प्रो.मनोज श्रीवास्तव के अनुसार मानसून के द्रोणीका अब पश्चिमी यूपी के तरफ बनल बा। एह कारण तेज बारिश हो रहल बा। वाराणसी समेत पूर्वांचल में 13 जुलाई के बादे बढ़िया बारिश देखे के मिल सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]