Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Tejashwi Yadav : तेजस्वी खेलले अलग ‘दांव’, चिराग के रिश्तेदार अब RJD के साथे; चुनावी सभा के बाद सियासी हलचल तेज

490

Tejashwi Yadav बिहार में खगड़िया सीट के लेके सियासत तेज हो गइल बा। बिहार के पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव चिराग पासवान के अब अलग मुदा पऽ घेरले बाड़न। राजद प्रत्याशी के समर्थन में पूर्व उप मुख्यमंत्री सहरसा आ सुपौल में चुनावी सभा कइले। उऽ कहले कि हमार सरकार बनी तऽ 15 अगस्त के एक करोड़ युवा लो के दिहल जाई नौकरी

सहरसा आ सुपौल में ऐतवार के चुनावी सभा में राजद नेता आ पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी पऽ जमके निशाना साधले। कहले, मोदी जी कबो गरीबी, महंगाई, बेरोजगारी के बात ना करे लन।

उऽ हिंदू, मुसलमान, मंदिर आ मस्जिद के बात करेले। हम पढ़ाई, दवाई, कमाई, सिंचाई, सुनवाई आ कार्रवाई वाली सरकार के बात करऽ तानी।

अइसन सरकार लिआई जवन गरीबी आ महंगाई दूर करे, बेरोजगार के रोजगार दिआवे, किसान के आय दोगुना करे, बिहार से पलायन रोके आ निवेश लिआवे आ औद्योगिक विकास करे ताकि लोगन के बहरी ना जाए के पड़े।

सुपौल में छातापुर के माधोपुर पंचायत स्थित कबीर कृपानाथ उच्च माध्यमिक विद्यालय मैदान, सहरसा में पुरनका उच्च विद्यालय सौरबाजार के मैदान आ खगड़िया में आदर्श इंटर विद्यालय पीरनगरा के खेल मैदान में सभा भइल।

तेजस्वी के साथ ई नेता रहले मौजूद

तेजस्वी (Tejashwi Yadav) के साथही वीआइपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष मुकेश सहनी, राज्यसभा सदस्य मनोज झा सहित गठबंधन के घटक दलन के नेता मौजूद रहले। नेता लो मधेपुरा के राजद प्रत्याशी कुमार चंद्रदीप, सुपौल के राजद प्रत्याशी चंद्रहास चौपाल आ खगड़िया के सीपीएम प्रत्याशी संजय कुमार के वोट देवे के अपील कइलस।

एही दौरान तेजस्वी कहले कि केंद्र में आइएनडीआइए के सरकार बनला पs 15 अगस्त के पूरा देश के एक करोड़ युवा लो के नौकरी दिहल जाई। स्वास्थ्य मंत्री रहत घरी सहरसा में मेडिकल कॉलेज निर्माण के हरिहर झंडा देखवनी । 17 महीना के कार्यकाल में युवा लो के नौकरी देनी।

भाजपा वाला तऽ हमरा चाचा के हाइजैक कर लेले – तेजस्वी यादव

साढ़े चार लाख नियोजित शिक्षकन के राज्य कर्मी के दर्जा देनी। केंद्र में हमनी के सरकार बनल तऽ रक्षा बंधन के मौका पs बहिन लो के एक लाख रूपिया दीहल जाई। दू सौ यूनिट बिजली मुफ्त दीहल जाई। किसानन के फसल के सब्सिडी बढ़ावल जाई। बिहार के विशेष दर्जा दिलाइब।

तेजस्वी पिता लालू यादव के बारे में कहले कि उऽ रेल मंत्री बनला पs मधेपुरा में रेल इंजन कारखाना बनवले। भाजपा वाला तऽ हमरा चाचा के हाइजैक कर लेले। खगड़िया में उऽ कहले, एक ओर महागठबंधन के उम्मीदवार खगड़िया के बाड़न, तऽ दूसरका ओर चिराग पासवान बाहरी के टिकट देले बाड़े।

उऽ भागलपुर के रहे वाला व्यापारी हउअन। एने जनबल वाला लोग बा तऽ ओने धनबल वाला। जनता मालिक बिया। अब रउआ तय करे के बा, रउआ केकरा के चुनत बानी। उऽ कहले कि हमनी संविधान के बचावे के काम कर रहल बानी सन , तऽ उऽ लोग (एनडीए) लोकतंत्र आ संविधान के खत्म करे के चाहत बा।

चिराग जी के रिश्तेदार महागठबंधन खातिर वोट माँगे अइले

उऽ कहले, हमनी के साथे चिराग (Chirag Paswan) जी के रिश्तेदार साधु पासवानो महागठबंधन खातिर वोट माँगे आइल बाड़े। एही दौरान सांसद चौधरी महबूब अली कैसर, सिमरी बख्तियारपुर विधायक युसूफ सलाउद्दीन, अलौली विधायक रामवृक्ष सदा मौजूद रहले।

806880cookie-checkTejashwi Yadav : तेजस्वी खेलले अलग ‘दांव’, चिराग के रिश्तेदार अब RJD के साथे; चुनावी सभा के बाद सियासी हलचल तेज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.