[the_ad_group id="30365"]

रोहिणी आचार्य, लवली आनंद समेत कइयन दिग्गज आज करी लो नामांकन : सारण में लालू-तेजस्वी आ तेजप्रताप भरी लो हुंकार, शिवहर में आनंद मोहन बनइहें माहौल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में आज कइयन गो बड़ चेहरा नामांकन करी लो। सारण लोकसभा सीट से राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बेटी रोहिणी आचार्य आज नामांकन दाखिल करिहें। शिवहर लोकसभा सीट से बाहुबली नेता आनंद मोहन के पत्नी लवली आनंद तs मोतिहारी से बीजेपी उम्मीदवार राधा मोहन सिंह आज नॉमिनेशन फाइल करिहें।

एकरा संगही हाजीपुर लोकसभा सीट से चिराग पासवान के खिलाफ राजद कैंडिडेट शिवचंद्र राम आपन नामांकन दाखिल करिहें। जबकि वैशाली से लोक जनशक्ति पार्टी( रामविलास) के उम्मीदवार वीणा देवी आपन नामांकन दाखिल करिहें।

लालू, तेजस्वी आ तेजप्रताप जइहें सारण

रोहिणी आचार्य सारण समाहरणालय परिसर में नामांकन दाखिल कइला के बाद डाकबंगला रोड इस्थित राजेन्द्र स्टेडियम में सभा करिहें। जहां लालू प्रसाद यादव, राबड़ी देवी, तेजस्वी यादव आ तेजप्रताप यादव मवजूद रहिहें। संगही महागठबंधन के सब बड़े नेता मवजूद रही लो। एह कार्यक्रम के लेके जिला प्रशासन यातायात से लेके सुरक्षा तक के विशेष तइयारी कइले बा।

छठवां चरण खातिर नामांकन आज से

लोकसभा आम चुनाव 2024 के नामांकन प्रक्रिया अंतिम दौर के ओर बा। छठा चरण के नॉमिनेशन सोमार से सुरू हो रहल बा। गजट प्रकाशन के संगही प्रत्याशियन के नामांकन सुरू होई। दुपहरिया 11 बजे से नॉमिनेशन सुरू हो रहल बा।

9 मई तक होई नॉमिनेशन

चुनाव आयोग आज छठा चरण के लोकसभा चुनाव के लेके नोटिफिकेशन जारी करी। नामांकन छव मई तक लिहल जाई। प्रत्याशियन के नामांकन पत्रन के जांच सात मई के कइल जाई। चुनावी दंगल से प्रत्याशी 9 मई तक नामांकन वापस ले सकी लो। नामांकन के लेके जिलन में सुरक्षा खातिर पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा। 25 मई के मतदान के तारीख तय बा।

छठा चरण में आठ लोकसभा सीटन पs मतदान

छठा चरण के मतदान 25 मई के होखे के बा। 25 मई के छठा चरण के तहत वाल्मीकिनगर, पश्चिम चंपारण, पूर्वी चंपारण, शिवहर, वैशाली, गोपालगंज, सीवान आ महाराजगंज में मतदान होई। चुनाव आयोग एह आठ सीटन खातिर नोटिफिकेशन जारी करी।

देस में कुल 57 सीटन पs नॉमिनेशन सुरू होई 

18वीं लोकसभा चुने खातिर देस में छठा चरण में देस के सात राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के 57 सीटन पs नामांकन सुरू हो रहल बा। अगिला दिन सात मई के नामांकन पत्रन के जांच होई। एह छठा चरण में दिल्ली के सात, उत्तरप्रदेश के 14, हरियाणा के 10, बिहार आ पश्चिम बंगाल के आठ-आठ, ओडिशा के छव आ झारखंड के चार, सीटन पs मतदान होई। छठा चरण खातिर 25 मई अतवार के वोटिंग करावल जाई। मतगणना सब सातन चरणन के एगो साथ माने चार जून के परिणाम आई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]