Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव-2024 : बसपा सुप्रीमो मायावती के भतीजा आकाश आनंद पs आचार संहिता उल्लंघन के केस दर्ज, भाजपा सरकार के तुलना आतंकवादियन से कइले रहस 

654

बसपा सुप्रीमो मायावती के भतीजा आकाश आनंद के खिलाफ केस दर्ज हो गइल बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, ऊ अतवार के उत्तर प्रदेश के सीतापुर में चुनावी रैली के दौरान भाजपा सरकार के तुलना आतंकियन से कइले रहस। ऊ कहले रहस था कि भाजपा वाला वोट मांगे आइल तs ओह लोगन खातिर जूता, चप्पल आ लाठी तइयार रखs।

आकाश आनंद पs हिंसा भड़कावे के कोसिस करे के आरोप लागल बा। पुलिस बतवलस कि ओकरा खिलाफ 171सी, 153बी, 505 आ आरपी एक्ट के धारा 125 के तहत केस दर्ज कइल गइल बा।

 

807160cookie-checkलोकसभा चुनाव-2024 : बसपा सुप्रीमो मायावती के भतीजा आकाश आनंद पs आचार संहिता उल्लंघन के केस दर्ज, भाजपा सरकार के तुलना आतंकवादियन से कइले रहस 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.