Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बांग्लादेश के खिलाफ मैच से पहिले टीम इंडिया के झटका, ई तेज गेंदबाज चोटिल हो के वनडे सीरीज से भइलें बहरा

562
भारतीय टीम फिलहाल बांग्लादेश के दौरा पर बा। टीम इंडिया के अतवार से बांग्लादेश के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज खेले के बा। एहसे पहिले टीम के बड़ झटका लागल बा। तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी हाथ में चोट के वजह से बांग्लादेश के खिलाफ पूरे वनडे सीरीज से बाहर हो गइल बानें। हालांकि, बीसीसीआई के ओर से अब ले एकर आधिकारिक घोषणा नइखे भइल। न ही अब ले उनके रिप्लेसमेंट के कौनो घोषणा भइल बा।

टेस्ट सीरीज के टीम में शामिल बानें शमी

न्यूज एजेंसी पीटीआई के मुताबिक, शमी के हाथ में चोट बा अउर ऊ तीनों मैच नाइ खेल पइहें। शमी के बांग्लादेश के खिलाफ दो मैच के टेस्ट सीरीज खातिरो टीम में शामिल कइल गइल। बुमराह के गैरमौजूदी में शमी वनडे सीरीज में भारतीय पेस अटैक के नेतृत्व करे वाला रहनें। भारत अउर बांग्लादेश के बीच पहिला वनडे अतवार के ढाका के शेर-ए-बांग्ला स्टेडियम में खेलल जाई।

न्यूजीलैंड दौरा से आराम मिलल रहे

एहसे पहले शमी के रोहित शर्मा, विराट कोहली अउर केएल राहुल जइसन अन्य सीनियर खिलाड़ियन के संगे न्यूजीलैंड दौरा से भी आराम दिहल गइल रहे। शमी टी20 वर्ल्ड कप में टीम इंडिया के हिस्सा रहनें। हालांकि, ओ टूर्नामेंट में ऊ कुछ खास प्रदर्शन नाइ क पवले रहनें। बांग्लादेश के खिलाफ वनडे सीरीज से रोहित, कोहली अउर राहुल समेत तमाम सीनियर खिलाड़ी टीम में वापसी कs रहल बानें।
बांग्लादेश के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर टीम इंडिया: 
रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उपकप्तान), शिखर धवन, विराट कोहली, रजत पाटीदार, श्रेयस अय्यर, राहुल त्रिपाठी, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), शाहबाज अहमद, अक्षर पटेल, वॉशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर, मोहम्मद सिराज, दीपक चाहर, कुलदीप सेन, मोहम्मद शमी (चोटिल होकर बाहर)।

बांग्लादेश के खिलाफ टेस्ट सीरीज खातिर टीम इंडिया: 

रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उपकप्तान), शुभमन गिल, चेतेश्वर पुजारा, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), केएस भरत (विकेटकीपर), रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, शार्दुल ठाकुर, मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज, उमेश यादव।

भारत के बांग्लादेश दौरा के पूरा शेड्यूल

तारीख मैच जगह
4 दिसंबर पहला वनडे ढाका
7 दिसंबर दूसरा वनडे ढाका
10 दिसंबर तीसरा वनडे ढाका
14-18 दिसंबर पहला टेस्ट चटगांव
22-26 दिसंबर दूसरा टेस्ट ढाका
399370cookie-checkबांग्लादेश के खिलाफ मैच से पहिले टीम इंडिया के झटका, ई तेज गेंदबाज चोटिल हो के वनडे सीरीज से भइलें बहरा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.