Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

SUSHANT SINGH RAJPUT: भाजपा नेता नारायण राणे के दावा, सुशांत ना कइले रहस आत्महत्या, पेश कइले हत्या के सबूत

330

महाराष्ट्र के दिग्गज नेता आ केंद्रीय मंतरी नारायण राणे प्रेस कोन्फ्रेंस  में ई दावा कइले कि दिवंगत अभिनेता  सुशांत सिंह राजपूत आत्महत्या ना कइले रहले, बलुक उनकर मर्डर भइल बा। मंतरी कहले कि 8 जून, 2020 के सुशांत सिंह राजपूत के पहिले के मैनेजर दिशा सालियान के बलात्कार कइल गइल आ ओकरा बाद ह्त्या कs दिहल गइल रहे। दिसा पार्टी में गइले से मिनहा कइले रहली लेकिन उनके जबरजस्ती पार्टी में बोलावल गइल रहे। फेर बलात्कार क के ह्त्या क देहल गइल। जौने घर में ई कुल होत रहल उहवा के सीसीटीवी कैमरा 8 तारीख से पहिलहीं ले निम्मन रहल। अचानक से 13 जून के ही सीसीटीवी हेरा कइसे गइल? मकान में आए जाए आला लोग के एंट्री दर्ज करे आला रजिस्टर के पन्नओ 8 जून के बाद से फाटल काहें बा?

आगे नारायण राणे कहनें, “अभिनेता ई जान गइल रहनें कि उनकर पहिलकी मैनेजर दिशा सालियन के हत्या भइल बा। ऊ एसे जुड़ल कई गो खुलासो करे आला रहनें। एही से उनकर हत्या क देहल गईल। सुशांत के घरे एगो लाल बत्ती आली गाड़ी आईल रहे। ऊ एगो मंतरी के गाड़ी रहल। ओह गाड़ी से चार लोग निकलल अउर ऊ लोग सुशांत को पकड़ के मारल। रउरा खुदे सोचीं, जब सुशांत के हत्या के पता चलल तब कौनों खास अदमिए के एंबुलेंस काहें बोलावल गइल रहल?

 

साभार – अमर उजाला

219230cookie-checkSUSHANT SINGH RAJPUT: भाजपा नेता नारायण राणे के दावा, सुशांत ना कइले रहस आत्महत्या, पेश कइले हत्या के सबूत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.