Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सुभासपा के कार्यालय के बम से उड़ावे के धमकी, केस दर्ज कs के जांच शुरू

786

सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी (सुभासपा) के पार्क रोड स्थित प्रदेश कार्यालय के बम से उड़ावे के धमकी इंटरनेट कॉलिंग के जरिये दीहल गइल। सुक के कार सवार कुछ संदिग्ध लोग कार्यालय के फोटो भी खींचल। एह पर पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता अरुण राजभर पुलिस आयुक्त अउर हजरतगंज थाना में शिकायती पत्र भेजले बानें।

प्रभारी निरीक्षक हजरतगंज अखिलेश कुमार मिश्रा के मुताबिक, पार्क रोड पर लागल सीसीटीवी कैमरा खंगारsतिया। कार नंबर के आधार पर संदिग्ध लोग के तलाश कइल जा रहल बा। पार्टी कार्यालय के आसपास पुलिस गश्त बढ़ा दीहल गइल।

राष्ट्रीय प्रवक्ता के मुताबिक, दूपहर करीब 12.25 बजे चार अज्ञात व्यक्ति पार्टी कार्यालय के फोटो खींचत रहने। कार्यालय प्रभारी बाहर निकललें तो सुनलें कि ऊ आपस में पार्टी के कुछ पदाधिकारियन के बारे में बात करत रहनें। टोकले पर कार स्टार्ट कs के भाग गइलें सब। एह दौरान भी ऊ वीडियो बनवले रहनें।

राष्ट्रीय प्रवक्ता बतवलें कि एहसे पहिले इंटरनेट कॉलिंग के माध्यम से कार्यालय के बम से उड़ावे के धमकी दीहल गइल रहे। तहरीर में कार नंबर भी बतावल गइल बा।

426790cookie-checkसुभासपा के कार्यालय के बम से उड़ावे के धमकी, केस दर्ज कs के जांच शुरू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.