Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bharat Jodo Yatra: राहुल गांधी बोललें- ‘RSS आ BJP के आपन गुरु मानत बानी, उ अच्छा ट्रेनिंग दे रहल बा लोग’

Rahul Gandhi कहलें कि कन्याकुमारी से दिल्ली तक आइल एह यात्रा में हम सरकार के खिलाफ लोगन के रोष देखले बानी। उ कहलें कि हम चाहत  कि बानी कि भाजपा हमनी पs आक्रामक हमला करे एहसे कांग्रेस पार्टी के विचारधारा सबके समझने में मदद मिली।

731

कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा के लेके भाजपा द्वारा कइल जा रहल हमला पs राहुल गांधी अब पलटवार कइलें बाड़ें। राहुल कहलें कि कन्याकुमारी से दिल्ली तक आइल एह यात्रा में हम सरकार के खिलाफ लोगन के रोष देखले बानी। ऊ कहलें कि हम चाहत बानी कि भाजपा हम पs आक्रामक हमला करे, एहसे कांग्रेस पार्टी के विचारधारा सबका समझे में मदद मिली। राहुल यात्रा में भइल सुरक्षा चूक के भाजपा सरकार के साजिशो बतवलें।

BJP-RSS हमार गुरु

राहुल प्रेस कांफ्रेंस के संबोधित करत कहलें कि हम बीजेपी आ आरएसएस के लोगन के धन्यवाद दिहल चाहत बानी, काहेकि ऊ जेतना अधिका हमरा के निशाना बना रहल बा लोग, ई कवनो ना कवनो तरह से हमार मदद करत बा लो। राहुल आगे कहलें कि हम भाजपा आ आरएसएस के अपना गुरु मानत बानी, काहेकि ऊ हमरा के ट्रेनिंग दे रहल बा लो।

सुरक्षा चूक के भाजपा के साजिश बतवलें

राहुल दिल्ली में भारत जोड़ो यात्रा में भइल सुरक्षा चूक के लेके भाजपा पs हमला बोलले। ऊ कहलें कि जब भाजपा के वरिष्ठ नेता बुलेट प्रूफ गाड़ी से बाहर आवेला लो तs कवनो चिट्ठी ना जाला। ऊ कहलें कि जब भाजपा के नेता रोड शो करेला लोग तs खुला जीप में जाला लोग आ तब केहु के प्रोटोकॉल के याद ना आवेला। कांग्रेस नेता कहलें कि CRPF जानत बिया कि हमरा का करे के चाहीं का ना।

अखिलेश-मायावती चाहत बा लोग मोहब्बत के हिंदुस्तान

कांग्रेस सांसद राहुल गांधी आगे कहलें कि भारत जोड़ो यात्रा के दरवाजा (दुआरी) सभे खातिर खुलल बा, हम केहु के अपना साथे जुड़े से ना रोकेम। ऊ कहलें कि अखिलेश, मायावती आ आउर लोग “मोहब्बत के हिंदुस्तान” चाहत बा लो आ हमनी के बीच एही विचारधारा के संबंध बा।

राहुल बोललें- ठंडा नइखे लाग रहल, तबे पहिन रहल बानी टी-शर्ट

कांग्रेस नेता अपना टी-शर्ट पहिने के लेके पूछल गइल सवाल पs एक बेर फेर जवाब देलें। ऊ कहलें, हमार टीशर्ट के लेके बिना वजह बवाल बवाल भइल बा। हम स्वेटर ना पहिनेनी काहेकि हमरा सर्दी से डर नइखे लागल। ठंड लगला के बाद हम स्वेटर पहिनला के सोची।

एमपी चुनाव जीतले के कहलें बात

कांग्रेस सांसद एही के संगे दावा करत कहलें कि कांग्रेस मध्य प्रदेश के चुनाव के अबकी बेर बड़ अंतर से जीती आ भाजपा उहां दिखाई नइखे देत। राहुल कहलें कि मध्य प्रदेश में हर केहु गुस्सा में बा आ सभे जानत बा कि भाजपा पैसा देके सरकार बनवले बिया।

427080cookie-checkBharat Jodo Yatra: राहुल गांधी बोललें- ‘RSS आ BJP के आपन गुरु मानत बानी, उ अच्छा ट्रेनिंग दे रहल बा लोग’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.