Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

योग से रहीं निरोग, महिला सs खातीर 10 बेस्ट आसन

1,301

घर के जिम्मेदारी के बीच महिला अपना स्वास्थ्य के उपेक्षा करे के प्रवृत्ति राखेली। एकरा संगे कामकाजी महिला खातीर अपना स्वास्थ्य पs ध्यान दिहल अवुरी मुश्किल हो जाला। शोध के मुताबिक भारत में 80% महिला निश्चित रूप से कवनो ना कवनो बेमारी जईसे हाई ब्लड प्रेशर, थाइरॉइड, सुगर, पीरियड्स के समस्या, पीसीओडी से पीड़ित बाड़ी। अइसना में राउर छोट-बड़ समस्या के एके गो समाधान होला।

योग अइसन प्राचीन तरीका ह जवन तन अवुरी मन दुनो के स्वस्थ राखे में मदद करेला। आजु हमनी के अइसन दस गो योगासन बताइब जा, जवना से रउरा आसपास के बेमारी ना फटके दी।

सूर्य नमस्कार

सूर्य नमस्कार ना सिर्फ तनाव से राहत देवेला, बालुक कब्ज, नियमित पीरियड्स, सुंदर त्वचा, मन के एकाग्रता बढ़ावे में भी मदद करेला। इ आसन गर्भवती महिला खातिर भी बहुत फायदेमंद बा।

कपालभाती

कपालभाती पीसीओडी के नियंत्रित करे खातिर बहुत फायदेमंद योग ह। कपालभाती अइसन साँस लेबे के प्रक्रिया ह जवन सिर आ दिमाग के कामकाज के नया जान देला। शुरू में 30 बेर करीं आ धीरे-धीरे 100-200 तक करीं।

अनुलोम-विलोम

अनुलोम-विलोम फेफड़ा में ऑक्सीजन अवुरी खून के संचार बढ़ावेला। एकरा चलते शरीर के कोशिका अवुरी दिमाग में जादा ऑक्सीजन पहुंच जाला। एकरा चलते अवसाद, माइग्रेन, सांस के समस्या, ब्लड प्रेशर अवुरी सुगर नियंत्रण में रहेला।

मेडिटेशन

रोज ध्यान कइला से मन शांत हो जाला, शरीर स्वस्थ हो जाला आ अवसाद से मुक्ति मिल जाला। एकरा अलावे ध्यान से भी बहुत बेमारी से सुरक्षित रहब।

कुंडलिनी योग

शोध के मुताबिक, करीब 70% महिला थाइरॉइड से जूझत बाड़ी। अइसन स्थिति में बीमारी के काबू में करे खातिर कुंडलिनी योग करे के चाहीं। एकरा अलावे गठिया अवुरी पैर से जुड़ल समस्या के भी दूर क देवेला।

सेतुबंधासन

एह आसन से खून के संचार सही रहेला, जवना के चलते दमा, अनिद्रा अवुरी ऑस्टियोपोरोसिस जईसन बेमारी के संगे-संगे ब्लड प्रेशर के दूर राखल जाला।

नौकासन योग

अगर रउरा वजन घटावे के चिंता बा त तनाव मत लीं। बस रोजाना 25-30 मिनट तक नौकासन करीं। एकरा से ना सिर्फ वजन काबू में रही, बालुक गोड़ में दर्द के कवनो समस्या ना होई।

बालासन

अधिकांश भारतीय महिला कंधा, जोड़, गोड़ चाहे स्लिप डिस्क में दर्द से पीड़ित होखेली। अइसन स्थिति में एकरा से छुटकारा पावे खातिर रोज बालासन करीं। एहसे राउर समस्या के समाधान हो जाई।

प्राणायाम

प्राणायाम मन के शांत राखेला, जवना से तनाव से दूर रहब। एकरा संगे शरीर में ऊर्जा भी बढ़ेला, जवना के चलते आप दिन के काम आसानी से क सकतानी।

शीर्षासन

अगर बाल गिरला से परेशान बानी त हेडस्टैंड आपके खातीर बहुत फायदेमंद बा। एकरा संगे इ इम्यूनिटी भी बढ़ावेला।

 

 

560460cookie-checkयोग से रहीं निरोग, महिला सs खातीर 10 बेस्ट आसन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.