[the_ad_group id="30365"]

IPL के तर्ज पs छपरा में SPL के होई आयोजन: प्लेयर के जर्सी के लोकार्पण कार्यक्रम, 14 नवंबर से सुरू होई प्रतियोगिता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में आयोजित होखे वाला सारण प्लेयर लीग के सेंगर टाइगर टीम के जर्सी लोकार्पण के कार्यक्रम छपरा के एगो निजी होटल में सम्पन्न भइल। टीम के मालिक शैलेन्द्र सेंगर के नेतृत्व में सब खिलाडियन के बीच मैच के दौरान पहिनल जाये वाला ड्रेस के प्रदर्शन कइल गइल।

एह दौरान सारण प्रीमियर लीग के सब पदाधिकारी आ खिलाड़ी मवजूद रहे लो। सारण प्लेयर्स लीग आईपीएल के आधार पs स्थानीय खिलाड़ियन खातिर प्रतियोगिता के आयोजन हs। एमे जिलास्तरीय आ राज्यस्तरीय खिलाड़ी भाग ली लो। खिलाडियन खातिर ई प्रतियोगिता प्लेटफॉर्म तैयार करी।

जर्सी लोकार्पण के बेरा मीडिया के संबोधित करत सेंगर टाइगर्स के मालिक शैलेन्द्र सेंगर बतवलें कि भारत सहित बिहार के ग्रामीण क्षेत्रन में क्रिकेट के क्रेज बढ़त जा रहल बा। क्रिकेट के माध्यम से ग्रामीण जुवा आपन भविष्य बना रहल बा लो। नवहन में क्रिकेट के प्रति उत्साह आ लगाव बढ़ल बा।

आज के जुवा खेलन में बढ़-चढ के हिस्सा ले रहल बा। बेहतरीन प्रदर्शन राष्ट्रीय स्तर तक करे लो। एहिसे सारण के नवहन के क्रिकेट के खेल में एगो नया मंच देवे खातिर सेंगर टाइगर्स बनावल गइल। सारण प्लेयर लीग के आयोजन कइल गइल बा। सारण के जुवा बेहतर क्रिकेट खेलकर सारण के नाम बिहार आ राष्ट्रीय तक रोशन करीं, इहे आशा आ उम्मीद बा।

प्रेस वार्ता में भाजपा के जिला महामंत्री विवेक कुमार सिंह, बिहार क्रिकेट एसोसिएशन के सदस्य आ सारण क्रिकेट एसोसिएशन के पूर्व अध्यक्ष संजय सिंह, राष्ट्रीय कोच रमेश कुमार सिंह, पूर्व क्रिकेटर एवं संघ के सचिव सुनील कुमार सिंह इत्यादि के संगे सेंगर टाइगर्स के कप्तान कुंदन शर्मा, भास्कर, आशुतोष, मनीष ,आदित्य, प्रिंस, अर्पित, जफर इमाम, नीतीश, सुमित, चंदन, राहुल, अमन सहित खिलाड़ी उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]