ICC ODI Rankings: सेमीफाइनल से पहिले एह भारतीय खिलाड़ी के लागल बड़ झटका, छिना गइल नंबर-1 के ताज

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2023

  आईसीसी वनडे गेंदबाजी रैंकिंग : विश्व कप 2023 के सेमीफाइनल मैच 15 नवंबर आजु होखे वाला बा। पहिला सेमीफाइनल में टीम इंडिया के मुकाबला न्यूजीलैंड से होखी। एह महत्वपूर्ण मैच से पहिले आईसीसी वनडे

Share

 

आईसीसी वनडे गेंदबाजी रैंकिंग : विश्व कप 2023 के सेमीफाइनल मैच 15 नवंबर आजु होखे वाला बा। पहिला सेमीफाइनल में टीम इंडिया के मुकाबला न्यूजीलैंड से होखी। एह महत्वपूर्ण मैच से पहिले आईसीसी वनडे के ताजा रैंकिंग जारी कइले बा। टीम इंडिया के एगो खिलाड़ी के एह रैंकिंग में बड़हन झटका लागल बा। टीम इंडिया के एह खिलाड़ी से नंबर-1 के ताज छीन लिहल गइल बा।

नंबर 1 के ताज एह खिलाड़ी से छीन लिहल गइल

एह महत्वपूर्ण मैच से पहिले टीम इंडिया के तेज गेंदबाज मोहम्मद सिराज के बहुते झटका लागल बा। एक नंबर के गेंदबाज के ताज सिराज से छीन लिहल गइल बा। अब दक्षिण अफ्रीका के खिलाड़ी केशव महाराज वनडे में नंबर 1 गेंदबाज बन गइल बाड़न। मोहम्मद सिराज 8 नवम्बर के नंबर 1 गेंदबाज बन गइलन। उ पाकिस्तान के शाहीन अफ्रीदी से ताज छीन लेले रहले।

केशव महाराज के शानदार प्रस्तुति

वनडे रैंकिंग पिछला अपडेट के बाद से महाराज तीन गो मैच में सात गो विकेट लिहलन जवना में चार गो विकेट पुणे में न्यूजीलैंड के खिलाफ भइल। पिछला लीग स्टेज मैच में अफगानिस्तान के खिलाफ ऊ दू गो विकेट लिहले रहले। भारत के पिछला तीन मैच में छह गो विकेट लेबे वाला सिराज भी महाराज से बहुते पीछे नइखन आ दुनु में महज तीन रेटिंग अंक के अंतर बा। साथही जसप्रीत बुमराह चउथा आ कुलदीप यादव पाँचवा नंबर पsआइल बाड़न।

शुबमन गिल टाप पs बनल बाड़े

पिछला हफ्ता बाबर आजम के हरा के शुबमन गिल बल्लेबाजी रैंकिंग में टाप पs बनल बाड़न। भारत के प्रमुख बल्लेबाज विराट कोहली आ रोहित शर्मा क्रमशः चउथा आ पाँचवा जगहा पs बाड़े। बता दीं कि ताजा रैंकिंग में भारतीय कप्तान रोहित शर्मा के एक जगहा मिलल बा। एकरा संगे लीग स्टेज के आखिरी मैच में शतक बनावे वाला श्रेयस अय्यर अवुरी केएल राहुल के भी रैंकिंग में बढ़ोतरी भईल बा। अय्यर पांचवा स्थान ऊपर बढ़ के फखर ज़मान के संगे 13वां नंबर पs पहुंच गईले, जबकि केएल राहुल 24वां से बढ़ के 17वां स्थान पs पहुंच गईले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.