Diljit Dosanjh: ‘ॐ नमः शिवाय’, भस्म आरती में शामिल भइले पंजाबी गायक दिलजीत दोसांझ; नंदी हॉल में बैठके कइले पूजा

Minee Upadhyay
दिलजीत सिंह दोसांझ
- Sponsored Ads-

पंजाबी गायक दिलजीत सिंह दोसांझ आज सबेरे विश्व प्रसिद्ध श्री महाकालेश्वर मंदिर में रोज सबेरे होखे वाला बाबा महाकाल के भस्मा आरती में भाग लिहले। जहां उs नंदी हॉल में बईठ के बाबा महाकाल के भस्म आरती देखले अउरी बाबा महाकाल के निराकार से साकार स्वरूप देखले।

महाकालेश्वर मंदिर के जनसंपर्क अधिकारी श्रीमती गौरी जोशी कहली कि दिलजीत सिंह दोसांझ पंजाबी आ हिंदी फिल्म इंडस्ट्री के सुपरस्टार आ गायक हउवें. आज सबेरे बाबा महाकाल के दर्शन करे खातिर उज्जैन पहुंचल रहले, जहां उs नंदी हॉल में बईठ के बाबा महाकाल के भस्म आरती कईले रहले अवुरी ओकरा बाद चंडी द्वार पहुंच के भगवान के पूजा कईले रहले। एह दौरान महाकाल मंदिर के पुजारी, पंडित राम गुरु आ राघव पुजारी एह पूजा के कइले। श्री महाकालेश्वर मंदिर प्रबंधन समिति के ओर से दिलजीत दोसांझ के प्रशासक गणेश कुमार धाकड़ द्वारा सम्मानित कइल गइल

- Sponsored Ads-

दिलजीत सिंह सुपरहिट फिलिमन में किरदार निभवले बाड़न. 
दिलजीत सिंह दोसांझ पंजाबी आ हिंदी फिल्म इंडस्ट्री के सुपरस्टार आ गायक हउवें. हिंदी के मशहूर फिल्म उड़ता पंजाब, सूरमा आ ब्लॉकबस्टर पंजाबी फिल्म जट्ट एंड जूलिएट, पंजाब 1984, सरदार जी, सुपर सिंह, अंबरसरीया जइसन सुपरहिट फिलिमन में किरदार निभवले बाड़न. दिलजीत 2020 में बिलबोर्ड द्वारा सोशल 50 चार्ट में प्रवेश कइलें।

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।